[the_ad_group id="30365"]

Gujrat Fire : गुजरात के फैक्ट्री में लागल भीषण आग, दमकल के 15 गाड़ी मवका पs पहुंचली सs

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सेंट्रल डेस्क। गुजरात के भरूच में इस्थित एगो फैक्ट्री में भीषण आग (Gujrat Fire) लाग गइल। आग के सूचना मिलतही दमकल के 15 गाड़ी मवका पs पहुंचली सs। आग पs काबू पाये के पूरा कोसिस कइल जा रहल बा। हालांकि, आग तेजी से फइलत जा रहल बा। आग के लपट आ करिया धुंआ से इलाका में हड़कंप मच गइल बा। एह घटना में कवनो जानमाल के हानि के सूचना नइखे।

ई हादसा भरूच के GIDC पानोली इस्थित संघवी ऑर्गेनिक्स प्राइवेट लिमिटेड में भइल। आग धीरे-धीरे एगो बड़ हिस्सा के अपना चपेट में ले लेलस। आग के लपटन से उठत धुंआ के कइयन किलोमीटर दूर से देखल जा सकत बा।

एह हादसा में केहू के जान गइला के सूचना नइखे। हालांकि, आग से फैक्ट्री के बहुते नुकसान भइल बा। फायर ब्रिगेड के कर्मचारी आग बुझावे के कोसिस कs रहल बा। आग बुझला के बादे नुकसान के अंदाजा लगावल जा सकी। ओहिजा, आग लगला के वजह अभी सामने नइखे आइल।

पहिलहू हो चुकल बा हादसा

हालांकि, ई पहिला बेर नइखे जब गुजरात में एतना भीषण आग लागल बा। 2 अप्रैल के बानसकांडा के दीसा में इस्थित पटाखा फैक्ट्री में धमाका होखला से भीषण आग लाग गइल रहे। एह घटना में मध्य प्रदेश के 21 मजदूरन के मौत हो गइल रहे।

Read Also: UNESCO Indian Heritage : भारत के सात आउर संपत्ति यूनेस्को विरासत बनल, अस्थायी सूची में शामिल

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]