Bihar: पटना क्लब से लवट रहल बिहार के नामी उद्योगपति के हत्या; 6 साल पहिले बेटा आ अब गोपाल खेमका के मार डालल गइल 

Share

पटना। बिहार के राजधानी पटना में सुक के देर रात बड़ उद्योगपति गोपाल खेमका के अपराधी गोली मारके हत्या कs देलें सs। ई घटना पटना के गांधी मैदान थाना इलाका में भइल। गोपाल खेमका पटना के जानल-मानल बेवसायी रहस आ कबो इ हां के टॉप अस्पताल रहल मगध हॉस्पिटल के मालिको रहस। गोपाल खेमका के बेटा गुंजन खेमका के हत्या छव साल पहिले वैशाली के औद्योगिक थाना इलाका में अपराधी गोली मारके कs देले रहलें सs, जवना के बाद बहुते बवाल मचल रहे। गोपाल खेमका वैचारिक तौर पs भारतीय जनता पार्टी से जुड़ल रहस।

हत्या के डेढ़ घंटा बाद पहुंचल थाना के पुलिस, हंगामा

गोपाल खेमका सुक के रात अपना कार से रोज के तरे पटना क्लब से घरे लवटत रहस। जइसही होटल पनाश के लगे इस्थित अपार्टमेंट के गेट पs उतरलें, तबे घात लगा के बइठल अपराधी उनका के गोली मार देलें सs। एह घटना से इलाका में अफरातफरी के माहौल हो गइल। ई घटना सुक के देर रात साढ़े 11 बजे के आसपास के हs। घटना के बाद परिजन घायल अवस्था में उनका के पटना के एगो निजी अस्पताल में भरती करावल, जहां डॉक्टर लोग गोपाल खेमका के मृत घोषित कs दिहल। घटना के बाद परिजन लोग अस्पताल में जमके हंगामा कइल। गोपाल खेमका के छोटे भाई संतोष खेमका पुलिस पs बड़ लापरवाही के आरोप लगावत कहलें कि घटना के डेढ़ घंटा बाद गांधी मैदान थाना के पुलिस मवका पs पहुंचल। पटना के सिटी एसपी (मध्य) दु घंटा बाद घटनास्थल पs पहुंचली। परिजन लोग बतावल कि घटनास्थल पs कइयन गो खोखा गिरल पड़ल रहे, जवना पs पुलिसकर्मियन के ओर से ईंट आ बांस-बल्ला से घेराबंदी कइल गइल।

निर्दलीय सांसद पप्पू यादव पहुंचलें- बोललें परिवार से बलि कब तक?

हाई प्रोफाइल घटना होखला के बाद पटना के उद्योगपतियन आ बेवसायियन के भीड़ धीरे-धीरे जुटत गइल। अस्पताल के बाद शव के घरे ले आवल गइल, बाकिर देर रात होखला के कारण पोस्टमार्टम ना हो सकल। एह बीच पुलिस के पहिले, पूर्णिया से निर्दलीय सांसद राजेश रंजन उर्फ पप्पू यादव घटनास्थल पs पहुंच चुकल रहस। पुलिस के लापरवाही पs सवाल उठावत पप्पू यादव सवाल कइलें कि “आखिर ई परिवार कब तक बलि देत रही? बीतल 20 दिसंबर 2018 के हाजीपुर इंडस्ट्रियल एरिया में एही गोपाल खेमका के बेटा के गोली मारके हत्या कs दिहल गइल रहे। थाना से मात्र 300 मीटर दूर ई पॉश इलाका बा आ कइयन गो आला अधिकारियन के घर लगही बा। अइसन में सरेआम अपराधी आ के एगो उद्योगपति के गोली मारके आराम से चले जात बा! ई बिहार में का हो रहल बा? बिहार के पुलिस का कs रहल बिया? आ बिहार के अपराधियन के मनोबल एतना बढ़ कइसे गइल बा?”

परिजन बोललें- एह सरकार में केहूओ सुरक्षित ना, घर में घुसके मारल जा रहल बा

मवका पs मवजूद उद्योगपति गोपाल खेमका के परिवार वाला गुस्सा जतावत कहल लो कि बिहार पुलिस के कार्यशैली ई सोचला पs मजबूर कs देत बा कि आज हमनी के केतना सुरक्षित बानी सs। परिवार के लोगन के आरोप बा कि पुलिस के सूचना देला के बादो लगभग डेढ़ से दु घंता तक पुलिस ना पहुंचल। परिवार के लोग बिहार सरकार पs आरोप लगावत कहल कि एह सरकार में केहूओ सुरक्षित नइखे, अपराधियन के मनोबल अब एतना बढ़ गइल बा कि उ घर पs चढ़के हत्या कs रहल बाड़ें सs।

पुलिस बोलल- माथा के लगे गोली मारल गइल, सीसीटीवी फुटेज जांचल जा रहल बा

सिटी एसपी मध्य दीक्षा बतवली कि सूचना मिलला पs हमनी के मवका पs पहुंचल बानी सs आ आसपास लागल सब सीसीटीवी फुटेज खंगारे में पुलिस जुटल बिया। उ बतवालली कि उद्योगपति गोपाल खेमका के माथा के एकदम लगे से गोली मारल गइल बा, जेमे उनकर मवके पs मौत हो चुकल बा। उ कहलें कि एह पूरा ममिला में हर पहलू पs जांच कइल जा रहल बा आ अपराधी कवनो हालत में बच ना सकी लो।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-