[the_ad_group id="30365"]

Bihar News: खुशखबरी… बिहार में एह योजना के फेर से होई शुरुआत; गांव के लोगन के होई जबरदस्त फायदा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार में फेर से बंद मुख्यमंत्री सेतु निर्णान योजना शुरू होखे जा रहल बा। एकरा खातिर खुद मुख्यमंत्री नीतीश कुमार निर्देश जारी कइले बाड़े। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार गांव में छूटल आ क्षतिग्रस्त पुल बनावे के आदेश देले बाड़े। नीतीश कुमार कहले कि जहां नया पुल बनावे के जरुरत बा ओहिजा ओहु पs काम होखे के चाही।

मुख्यमंत्री पुल निर्माण योजना फेर से शुरू हो जाई। मुख्यमंत्री बियफे के दिने ग्रामीण ममिला विभाग के समीक्षा बइठक में एह आशय के निर्देश दिहलन। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कहले कि ग्रामीण सड़क पs छोड़ल आ क्षतिग्रस्त पुल के जगह नाया पुल बनावे के काम होखे के चाही। मुख्यमंत्री पुल निर्माण योजना के ग्रामीण क्षेत्र में उपयोगिता देख के उऽ एकरा के फेर से शुरू करे के निर्देश देले।

पुल आ पुलिया के रख रखावो जरूरी: नीतीश कुमार

मुख्यमंत्री कहले कि 2005 में सरकार में अइला के बाद उऽ बेहतर सड़क आ पुल के निर्माण कइले बाड़े। पुल आ पुलीया के रखरखावो जरूरी बा। ग्रामीण सड़क के बेहतर रखरखाव सुनिश्चित होखे के चाही। जदि सड़क के निर्माण आ रखरखाव के काम विभाग के अभियंता लोग द्वारा करावल जाव तऽ बेहतर सड़क के निर्माण होई। राज्य में सड़क के सुधारे खाती संसाधन के जवन भी जरूरत होई, उ पूरा होई।

मुख्यमंत्री कहले कि ग्रामीण निर्माण विभाग के जल्दिए बाकी बस्ती खातिरो सड़क के निर्माण के काम पूरा करे के चाही ताकि कनेक्टिविटी के आसान बनावल जा सके। ग्रामीण इलाका में जवना सड़कन के नवीकरण भा अपग्रेड के जरूरत बा ओकर आकलन करीं आ ओह सड़कन पर तेजी से काम करीं। क्षतिग्रस्त सड़क के जल्दी से दोबारा बनावे के काम करा लीं।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]