Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार नगर निकाय चुनाव पs एक बेर फेर खतरा! सुशील मोदी प्रत्याशियन के काहे चेतवलें?

502

बिहार नगर निकाय चुनाव के घोषणा राज्य निर्वाचन आयोग एकबेर फेर भलही कs देले होखे; बाकिर एह पs एक बेर फेर सवाल खड़ा कइल जा रहल बा चुनाव फेर टले के खतरा बतावल जा रहल बा।

पिछला दिन राज्य निर्वाचन आयोग द्वारा दु चरणन मे चुनाव के तिथि घोषित कइला के बाद कइयन गो सवाल खड़ा कइल जा रहल बा। पूर्व डिप्टी सीएम आ राज्यसभा सांसद सुशील मोदी सवाल उठावत कहलें कि नगर निकाय चुनाव के लेके बिहार सरकार जल्दीबाजी देखवले बिया।

सुशील मोदी कहलें कि राज्य सरकार सुप्रीम कोर्ट के आदेस के अवहेलना कइले बिया। आवे वाला दिनन में सरकार के फेर फजीहत होखे वाला बा। सुशील मोदी कहलें कि जवन रिपोर्ट बनावल गइल बा ओकरा के सार्वजनिक कइल जाये के चाहीं आ नयो लोगन के चुनाव लड़े के छूट मिले के चाहीं। मोदी कहलें जे चुनाव लड़े वाला बा ऊ पईसा खर्च मत करे काहेकि एक हफ्ता के भीतर कुछुओ हो सकत बा।

सुशील मोदी के दावा पs सरकार उठवलस सवाल

नगर निकाय चुनाव के लेके सुशील मोदी के चुनाव टलला के दावा के बाद जेडीयू आ राजद सवाल खड़ा करत चुनाव रोके के साजिश करार देले बाड़ें। जेडीयू संसदीय दल के नेता उपेंद्र कुशवाहा कहलें कि सुप्रीम कोर्ट के निरदेस के मोताबिक आयोग के रिपोर्ट बनाके दिहल गइल। राज्य निर्वाचन आयोग तारीखन के घोषणा कइले बा; एमें सुशील मोदी के का तकलीफ। सुशील मोदी चुनाव के टालल चाहत बाड़ें। एहिसे अइसन बयान दे रहल बाड़ें। सुशील मोदी के लक्ष्य चुनाव के रोकल बा। ओहिजा वित्त मंत्री विजय चौधरी कहलें कि सुशील मोदी नइखन चाहत कि चुनाव होखे आ अति पिछड़न के आरक्षण मिले। बीजेपी हमेशा अतिपिछड़न के खिलाफ रहल बिया। एहिसे अइसन बयान दे रहल बाड़ें। बिहार सरकार द्वारा सुप्रीम कोर्ट के निरदेस के मोताबिक रिपोर्ट तइयार कइल गइल बा।

जानीं नगर निकाय चुनाव में कहां बा पेंच

नगर निकाय चुनाव के लेके बिहार में राजनीति गरमा गइल बा। नगर निकाय चुनाव के घोषणा पहिलही कइल गइल रहे, बाकिर कोर्ट के फसीला के बाद निर्वाचन आयोग चुनाव के अगिला आदेस तक रद्द करे के घोषणा कs देले रहे। बिहार सरकार सुप्रीम कोर्ट के आदेस के बाद आयोग बनवलस आ रिपोर्ट राज्य निर्वाचन आयोग के सउपलस। एकरा बाद चुनाव के तिथियन के घोषणा भइल। अब सरकार द्वारा सउपल गइल रिपोर्ट पs सवाल खड़ा कइल जा रहल बा आ नया लोगन के चुनाव ना लड़ला के बजाय पुरान नामांकन करे वाला लोगन के चुनाव लड़ले के अनुमति देला पs सवाल खड़ा कइल जा रहल बा।

साभार : न्यूज 18

397190cookie-checkबिहार नगर निकाय चुनाव पs एक बेर फेर खतरा! सुशील मोदी प्रत्याशियन के काहे चेतवलें?

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.