अग्निपथ योजना के खिलाफ प्रदर्शन करत छात्र बेतिया में बिहार के उपमुख्यमंत्री रेणु देवी के घर प हमला कईले। उनुकर बेटा समाचार एजेंसी एएनआई से बतवले कि बेतिया में उनुका आवास प हमला भईल बा। घर के काफी नुकसान भईल बा। रेणु देवी एह घरी पटना में बाड़ी.
#WATCH | Bihar: The residence of Deputy CM Renu Devi, in Bettiah, attacked by agitators during their protest against #AgnipathScheme
Her son tells ANI, "Our residence in Bettiah was attacked. We suffered a lot of damage. She (Renu Devi) is in Patna." pic.twitter.com/Ow5vhQI5NQ
— ANI (@ANI) June 17, 2022
भाजपा प्रदेश अध्यक्ष के घर पर हमला
बेतिया में भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल के घर पर भी छात्रन के हिंसक विरोध प्रदर्शन के बीच हमला भइल बा। जानकारी के मुताबिक घर प पथराव कईल गईल बा। एह हमला में एगो पुलिसकर्मी भी घायल हो गइल बा।
हिंसा के आग 11 राज्य में फैल गईल
अग्निपथ योजना के लेके बिहार से विरोध के चिंगारी 11 राज्य में फैल गईल बा। बिहार, यूपी, दिल्ली, हरियाणा, हिमाचल प्रदेश, उत्तराखंड, मध्य प्रदेश, जम्मू-कश्मीर, झारखंड अवुरी राजस्थान के बाद अब तेलंगाना में भी प्रदर्शन शुरू हो गईल बा। एहिजा एगो ट्रेन में आग लगा दिहल गइल बा.
देश भर के 200 ट्रेनों पर प्रदर्शन प्रभाव
छात्रन के हिंसक विरोध प्रदर्शन से देश भर में 200 ट्रेन सेवा प्रभावित भइल बा। रेल मंत्रालय के मुताबिक देश भर में 35 ट्रेन रद्द हो गईल बा, जबकि 13 ट्रेन आंशिक रूप से रद्द क दिहल गईल बा।
Comments are closed.