पटना। बिहार के राजनीति में नया सत्ता समीकरण के बीच सरकार गठन के प्रक्रिया तेज हो गइल बा। एही क्रम में बिहार भाजपा अध्यक्ष दिलीप जायसवाल मंगर के स्पष्ट कs देलें कि भाजपा 21 नवंबर तक नया सरकार के गठन के पूरा प्रक्रिया पूरा कs लिही। ऊ बतवलें कि बुध के सबेरे 10 बजे पटना इस्थित भाजपा के अटल सभागार में भाजपा विधायक दल के अहम बैठक बुलावल गइल बा, जवना में पार्टी अपना विधायक दल के नेता के चुनाव करी।
जायसवाल कहलें कि एह बइठक में केंद्र से पर्यवेक्षक पटना पहुंची लोग, जे नेतृत्व चयन के प्रक्रिया के मार्गदर्शन करी। भाजपा अध्यक्ष के बयान के बाद ई तय मानल जात बा कि पार्टी अब सरकार गठन के ले के कवनो तरे के देरी नइखे चाहत आ तेजी से अंतिम रूप देवे के तइयारी कs चुकल बा।
भाजपा के भीतर ई चरचा जोरन पs बा कि विधायक दल के एह बइठक में मुख्यमंत्री पद के दावेदार के नाम तय हो जाई। हालांकि पार्टी के ओर से अब तक कवनो नाम के आधिकारिक पुष्टि नइखे कइल गइल। बाकिर भाजपा सूत्रन के कहनाम बा कि केंद्रीय पर्यवेक्षक नेतृत्व चयन में महत्वपूर्ण भूमिका निभाई लोग।
दिलीप जायसवाल के कहनाम कि भाजपा विधायक दल के बइठक के बाद NDA घटक दल के साझा बइठक आयोजित होई, जवना में मुख्यमंत्री सहित मंत्रिमंडल के आउर पदन पs अंतिम सहमति बने के संभावना बा। ऊ बतवलें, “विधायक दल आपन नेता चुनी। पर्यवेक्षक मवजूद रही लोग। एकरा बाद NDA के बइठक होई आ सरकार गठन के प्रक्रिया पूरा कइल जाई। हमनी के प्रयास बा कि 21 तारीख तक सब काम पूरा हो जावs।”
बिहार विधानसभा चुनाव परिणाम भाजपा के बड़ बढ़त दिहल आ पार्टी राज्य के सबसे बड़ राजनीतिक शक्ति बन के उभरल बिया। अइसन में अगिला मुख्यमंत्री भाजपा से होई, ई लगभग तय मानल जा रहल बा। बिहार में भाजपा लमहर समय से सहजोगी दल के संगे सत्ता में रहल, बाकिर अबकि बेर ऊ अपना दम पs सत्ता के केंद्र में बा, आ एही कारण नेतृत्व चयन पs पूरा राज्य के नजर टिकल बा।
राजनीति के जानकारन के कहनाम बा कि भाजपा नेतृत्व चयन में अइसन चेहरा सामना ले आई जवन पार्टी के नया रणनीति, संगठनात्मक ढांचा आ भविष्य के राजनीतिक दिशा के मजबूत कs सकी। एकरा संगे गठबंधन के इस्थिरता आ समन्वय सुनिश्चित कइल भाजपा खातिर प्राथमिकता होई।
अब सब केहू के निगाह बुध के विधायक दल के बइठक पs टिकल बा, जहां ई तय हो जाई कि बिहार के बागडोर केकरा हाथ में जाई आ भाजपा कवना नेता के राज्य के नया चेहरा बनाई।







