Bihar Health Scheme : बिहार के बुनियाद केंद्रन पs अगिला एक महीना तक आंखन के जांच होई मुफ्त, 1 लाख लोगन के मिली चश्मा

Bihar Free Eye Checkup and Glasses Distribution

Share

पटना। बिहार सरकार लोगन के स्वास्थ्य के धेयान में रखत एगो बड़ पहल सुरू कइले बिया। राज्य के सब 101 बुनियाद केंद्र पs अगिला एक महीना तक मुफ्त आंख के जांच (नेत्र परीक्षण) कइल जाई। एह अभियान के तहत करीब 1 लाख लोग के मुफ्त चश्मा दिहल जाई।

ई पूरा कार्यक्रम समाज कल्याण विभाग के देखरेख में चल रहल बा, जबकि आंख के जांच राज्य स्वास्थ्य समिति से जुड़ल एजेंसी द्वारा कइल जा रहल बा। खास बात ई बा कि एह अभियान के फायदा हर उमिर के लोग उठा सकेला।

तीन चरण में हो रहल बा अभियान

ई जांच अभियान तीन चरण में पूरा कइल जा रहल बा। पहिला चरण 23 मार्च से सुरू भइल, जवन 22 बुनियाद केंद्रन पs चल रहल बा। अब तक 883 लोग के आंख जांच हो चुकल बा, जवना में से 722 लोग के चश्मा देवे के फैसला भइल बा।

दूसरका चरण 30 मार्च से 25 केंद्र पs सुरू होई, जबकि आखिरी चरण में बाकी सब केंद्रन पs जांच कइल जाई।

101 केंद्र पs बंटी चश्मा

समाज कल्याण विभाग के सचिव बंदना प्रेयसी सब केंद्रन के निरदेस देले बाड़ी कि हर केंद्र कम से कम 1000 चश्मा बांटे। ई योजना “उज्ज्वल दृष्टि” के तहत लागू कइल जा रहल बा, जवन ‘सक्षम’ संस्था के सहजोग से चलावल जा रहल बा।

15 दिन बाद मिली चश्मा

जांच के करीब 15 दिन बाद जरूरतमंद लोगन के चश्मा उपलब्ध करावल जाई, ताकि सही नंबर के चश्मा मिल सके।

टोल फ्री नंबर से मिली जानकारी

लोगन के सुविधा खातिर टोल फ्री नंबर 18003456262 जारी कइल गइल बा। एह नंबर पs कॉल कs के कवनो व्यक्ति नजदीकी बुनियाद केंद्र आ कैंप के तारीख के जानकारी ले सकेला।

Read Also: आज से सुरू होई IPL 2026, पिछला साल भइल भगदड़ के कारण अबकि बार ना होई ओपनिंग सेरेमनी

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-