बिहार में हेलीकाप्टर खाना के पैकेट गिरावत घरी बेकाबू होके बाढ़ के पानी में गिर गइल। जेकरा मदद खातिर हेलीकाप्टर गइल रहे, उहे लोग हेलीकाप्टर में मौजूद टीम के बचवलस।
पिछला तीन दिन से बिहार के बाढ़ प्रभावित इलाकन में राहत सामग्री गिरावे के जिम्मेवारी सेना के हेलीकाप्टर ले लिहले बा। एकर शुरुआत सबसे पहिले सीतामढ़ी से भइल रहे। एकरा बाद हेलीकाप्टर के इस्तेमाल से राज्य के दोसरा जिला में राहत सामग्री पहुंचावे के काम शुरू हो गइल। बुध के मुजफ्फरपुर में अइसन एगो हेलीकाप्टर बाढ़ के पानी में गिर गइल। जब हेलीकाप्टर बेकाबू होके राहत सामग्री गिरावे के समय पानी में गिर गइल त स्थानीय लोग जल्दी से कूद के बचाव दल के बचा लेले।
Post Views: 7