Gopalganj News: तेज रफ्तार बस बाइक सवार दंपत्ति के रउदलस: पत्नी के मौत…पति गंभीर

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 3, 2024

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र में भठवा मोड़ के लगे एगो डीसीएम ट्रक के ओर से बाइक सवार दंपति के जोरदार टक्कर मारे से पत्नी के मवके पs मौत हो गइल, जबकि पति मामूली रूप

Share

गोपालगंज के कुचायकोट थाना क्षेत्र में भठवा मोड़ के लगे एगो डीसीएम ट्रक के ओर से बाइक सवार दंपति के जोरदार टक्कर मारे से पत्नी के मवके पs मौत हो गइल, जबकि पति मामूली रूप से घायल हो गइलें। मृतका के पहचान मुजफ्फरपुर जिला के चकना सरैया गांव निवासी विभा कुमारी (32) के रूप में भइल, जवन अपना पति राजकुमार राम के संगे सिपाया इस्थित सैनिक स्कूल में रहत रहली।

घटना ओह समय भइल जब दुनो बाजार से वापस लवटत रहे लो। ट्रक चालक हादसा के बाद मवका से फरार हो गइल। स्थानीय लोगन के सूचना पs पुलिस मवका पs पहुंचके शव के पोस्टमार्टम खातिर भेज देलस आ जांच सुरू कs देलस। मृतका के पति सैनिक स्कूल में टीचिंग स्टाफ आ एह दुर्घटना के बाद से उनकर रो-रो के बुरा हाल बा। पुलिस ट्रक चालक के तलाश में कार्रवाई तेज कs देले बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.