पटना। लोकसभा में नेता प्रतिपक्ष आ कांग्रेस सांसद राहुल गांधी पीएम मोदी सरकार आउर चुनाव आयोग पs जमके हमला बोलले बाड़ें। पटना में इंडिया गठबंधन के चक्काजाम में प्रदर्शन करे पहुंचल राहुल गांधी आपन संबोधन देलें। उ आरोप लगवलें कि बिहार चुनाव के महाराष्ट्र के तरे चोरी करे के कोसिस कइल जा रहल बा। गरीबन के हक के छीने के साजिश रचल जा रहल बा। बाकिर हमनी के अइसन ना करे दिहल जाई। हमनी के बिहार के जनता के भविष्य बर्बाद ना होखे दिहल जाई। इंडिया गठबंधन बिहार के जनता के संगे खड़ा बा। राहुल गांधी आउर का-का बात कहलें आईं जानल जावs…
बिहार के जनता आपन हक छिने ना दी
राहुल कहलें कि लोकसभा चुनाव में महाराष्ट्र में इंडिया गठबंधन जीतके आइल, जबकि विधानसभा चुनाव में इंडिया गठबंधन बुरा तरे हार गइल। ओह समय हमनी के कुछ ना कहनी सs, बाकिर एह गंभीर विषय पs काम सुरू कइनी सs। हमनी के जांच कइनी सs तs पता चलल कि लोकसभा से जादे वोटर विधानसभा चुनाव में मतदान कइल लो। आश्चर्यजनक ढंग से एक करोड़ वोट बढ़ गइल। एक दिन में चार से पांच हजार वोट रजिस्टर हुए। गरीबन के वोट काटल गइल। जब हमनी के चुनाव आयोग से कहनी सs कि उ हमनी के वोटर लिस्ट देवे, तब चुनाव आयोग एक शब्द ना कहलस।
हमनी के चुनाव आयोग से कहनी सs कि कानून कहत बा कि हमनी के वोटर लिस्ट दिहल जाव, बाकिर आज तक महाराष्ट्र के वोटर लिस्ट हमनी के नइखे मिलल। उ सच्चाई छिपावल चाहत बा। इहे खेल उ बिहार में कइल चाहत बा। हम बिहार के जनता से कहत बानी कि जइसे महाराष्ट्र के चुनाव चोरी कइल गइल रहे, ओइसही बिहार चुनाव चोरी करे के कोसिस कइइल जा रहल बा। ई गरीबन के वोट छीने के तरीका बा। ओकरा ई मालूम नइखे कि ई बिहार हs। बिहार के जनता आपन हक के छीने ना दी। बिहार के जनता डरे वाली नइखे।
चुनाव आयोग पs लगवलें बड़ आरोप
राहुल गांधी आरोप लगवलें कि चुनाव आयोग के अधिकारी भाजपा आ आरएसएस के एजेंट के तरे बात कs रहल बा लो। उ लोग आपन जिम्मेदारी भूला गइल बा। ओह लोगन के काम संविधान के रक्षा कइल बा। रउआ ई मत भूलीं कि कानून रउरो ऊपर लागू होई। कानून रउआ के छोड़े वाला नइखे। राउर काम भारत के संविधान के रक्षा कइल बा। राउर काम बिहार के जनता के वोट के रक्षा कइल बा। पहिले चुनाव आयुक्त के सब पार्टी आ चीफ जस्टिस मिलके चुनत रहे लो, बाकिर अब खाली भाजपा चुनाव आयुक्त के चुनेले। इहे सच्चाई बा। बिहार के जनता से हम कहल चाहत बानी कि राउर वोट ना, भविष्यो चोरी कइल जा रहल बा। बाकिर, इंडिया गठबंधन रउआ सभन के संगे खड़ा बा। हमनी के लोग वोट के चोरी ना होखे दी।