पटना। बिहार में विधान सभा चुनाव (Bihar Election 2025 ) के प्रचार खातिर यूपी के सीएम योगी आदित्यनाथ दरभंगा पहुंचलें। इहां केवटी विधान सभा क्षेत्र में ऊ बीजेपी प्रत्याशी के पक्ष में जनसभा के संबोधित कइलें। एह दौरान योगी कांग्रेस आ राजद के संगे सपा प्रमुख अखिलेश यादव पs हमला बोललें।
ऊ कहलें कि कांग्रेस आ ओकर उत्तरप्रदेश के एगो पार्टनर। ई राम के घोर विरोधी हs लोग। जे राम के विरोधी होई, ऊ हमनियो के विरोधी होई। ऊ कहलें कि कांग्रेस राम के अस्तित्व पs प्रश्न खड़ा कइलस। सुप्रीम कोर्ट में एफिडेविट देलस। दूसरका तरफ राम मंदिर के रथ यात्रा के रोके के काम राजद कइलस आ समाजवादी पार्टी रामभक्तन पs गोली चला के अयोध्या के लहूलुहान कइलस।
INDI गठबंधन के तीन बंदर : योगी
योगी जनता से कहलें कि रउआ गांधी जी के तीन बंदरन के बारे में सुनले होखेम। गांधीजी उपदेश देले रहलें कि बुरा मत बोलs, बुरा मत सुनs आ बुरा मत देखऽ। अब महागठबंधन में तीन बंदर आ
गइलें, जेकर नाम पप्पू, टप्पू आ अप्पू हs। पप्पू अच्छा बोल ना सकेलें, टप्पू अच्छा देख ना सकेलें आ अप्पू सच सुन ना सकेलेंs। एही से दुष्प्रचार करत बा लोग।
ऊ कहलें कि राहुल गांधी जब कहीं जालें भारत के खिलाफ बोलेले। ई तीन बंदर के जोड़ी बिहार खानदारी माफिया के गले लगा के बिहार के सुरक्षा में सेंध लगावे के कोसिस करत बा लोग।
योगी आदित्यनाथ कहलें कि जब RJD आ कांग्रेस सत्ता में आवेले तs बिहार जरे लागेला। हमनी के अपना बॉर्डर वाला शहर से घुसपैठियन के बाहर निकाल देब सs, ठीक ओइसही जइसे हमनी के आर्टिकल 370 हटावे के बाद J&K से पाकिस्तानी तत्वन के हटवले रहनी सs।
डबल इंजन के सरकार बिना भेदभाव के सब योजना के लाभ देत बिया। राजद के सरकार के दौरान गरीबन के राशन हड़प लिहल जात रहे। विकास के योजना से गरीबन के वंचित कs दिहल जात रहे। आज 8 करोड़ लोगन के मुफ्त राशन दिहल जात बा। अंत में ऊ बंटेगें तो कटेंगे के नारा देलें। ऊ कहलें कि एक रहेम सs तs नेक रहेम सs।








