Deoria Encounter : पेट दर्द के बहाना बना के छीनलस दरोगा के पिस्टल, पुलिस गोली मार के गैंगस्टर राजेश यादव के पकड़लस

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2025

देवरिया।  जिला में पुलिस अपराध नियंत्रण के मुहिम में एगो बड़ सफलता हासिल कइले बिया। सलेमपुर इलाका के कुख्यात अपराधी राजेश यादव के पुलिस मुठभेड़ के बाद दोबारा गिरफ्तार कइले बिया। राजेश यादव पेट दर्द

Share

Deoria police encounter – gangster Rajesh Yadav injured and arrested after shootout, taken to hospital by UP Police.

देवरिया।  जिला में पुलिस अपराध नियंत्रण के मुहिम में एगो बड़ सफलता हासिल कइले बिया। सलेमपुर इलाका के कुख्यात अपराधी राजेश यादव के पुलिस मुठभेड़ के बाद दोबारा गिरफ्तार कइले बिया। राजेश यादव पेट दर्द के बहाना बना के अस्पताल ले जाये के दौरान दरोगा के पिस्टल छीने के कोसिस कइलस आ भागे लागल, बाकिर पुलिस के फुर्ती से ओकर सब चाल नाकाम पड़ गइल।

कइसे भइल पूरा घटना

लार थाना के जगदीशपुर गांव के रहेवाला राजेश यादव, जे गैंगस्टर एक्ट में वांछित रहे, पुलिस पहिले ओकरा के पकड़ चुकल रहे। गिरफ्तारी के बाद ऊ अचानक पेट दर्द के नाटक कइलस। इस्थिति गंभीर देखत दरोगा धर्मेंद्र मिश्र आ दुगाे सिपाही ओकरा के सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र सलेमपुर ले जात रहे लाेग।

रास्ता में मौका मिलतही राजेश यादव दरोगा धर्मेंद्र मिश्र के सरकारी पिस्टल छीनला के बाद पुलिस टीम पs फायरिंग कs के भाग गइल। एह खबर से पुलिस विभाग में हड़कंप मच गइल। तनी देर में कइयन गो टीम बनावल गइल आ पीछा सुरू भइल।

पुलिस के जवाबी कार्रवाई

पुलिस पीछा करत-करत आरोपी के चकरवा-बहोरदास रोड पs घेर लेलस। ओहिजा, दुनो तरफ से फायरिंग भइल। जवाबी कार्रवाई में पुलिस गैंगस्टर राजेश यादव के दहिना पैर में गोली मार के घायल कइलेस आ दोबारा धर दबोचलस।

पुलिस ओकरा लगे से सरकारी पिस्टल (9 एमएम), एगो खाली खोखा कारतूस आ सात जिंदा कारतूस बरामद कइले बिया। घायल अपराधी के तुरंते देवरिया मेडिकल कॉलेज इलाज खातिर भेजल गइल।

बड़ अपराधी हs राजेश यादव

राजेश यादव पs गोवध निवारण अधिनियम आ गैंगस्टर एक्ट सहित कइयन गो संगीन ममिला दर्ज बा। अपार पुलिस अधीक्षक (दक्षिणी) सुनील कुमार सिंह बतवलें कि राजेश यादव दरोगा के पिस्टल छीने के बाद भागत रहे, बाकिर मुठभेड़ में गोली लगला के बाद पकड़ लिहल गइल।

Read Also: Bihar Election 2025 : ‘जनता सबसे बड़, पार्टी आ परिवार ना’- तेज प्रताप के तेजस्वी के नाम खास संदेश

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.