PM Kisan Yojna : एह हफ्ता एह किसानन के खाता में ना आई किस्त, जानीं का बा वजह? कहीं रउओ तs नइखीं सामिल?

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 3, 2025

नई दिल्ली। पीएम किसान योजना (PM Kisan Yojana) के तहत किसान भाई लोगन के सरकार आर्थिक मदद देले। एह योजना में किसान लोगन के साल में तीन किस्त में 6000 रुपिया मिलेला। हर चार महीना

Share

PM Kisan Yojana 21st installment update – farmers without e-KYC may not receive payment in bank accounts.

नई दिल्ली। पीएम किसान योजना (PM Kisan Yojana) के तहत किसान भाई लोगन के सरकार आर्थिक मदद देले। एह योजना में किसान लोगन के साल में तीन किस्त में 6000 रुपिया मिलेला। हर चार महीना पs 2000 रुपिया के किस्त खाता में भेजल जाला।

खबर आवत बा कि 5 नवंबर के दिन किसानन के 21वीं किस्त (PM Kisan 21th Installment) जारी हो सकेला। बाकिर सरकार के ओर से अभी कवनो आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल। कुछ किसानन के खाता में अबकि बेर किस्त नइखे आवे वाला।

कवना किसानन के ना मिली किस्त?

एह योजना के लाभ उठावे खातिर ई-केवाईसी (e-KYC) पूरा करावल बहुते जरूरी बा। जदि रउआ ई-केवाईसी पूरा नइखीं कइलें, तs रउआ खाता में किस्त के पईसा ना जाई। रउआ पीएम किसान योजना के ऑफिशियल वेबसाइट से ई-केवाईसी करा सकत बानी।

राउर बैंक खाता आधार कार्ड से लिंक होखल जरूरी बा। जदि लिंक नइखे, तs ओहू चलते पईसा अटक सकेला। एह काम खातिर रउआ आपन बैंक में जाके आधार कार्ड के फोटोकॉपी, पता साबित करे वाला कागज (जइसे बिजली बिल, पानी बिल, टेलीफोन बिल) आ बैंक पासबुक के फोटोकॉपी जमा करे के होई।

जदि रउआ आवेदन देवे के समय भा केवाईसी करत बेरा गलत डॉक्यूमेंट जमा कइले बानी, तs राउर किस्त अटक सकेला।

रउआ घरे बइठल जान सकेनी कि रउआ किस्त कब मिली।
एह खातिर रउआ के नीचे बतावल तरीका फॉलो करे के होई –

स्टेप बाय स्टेप प्रोसेस

  • सबसे पहिले PM Kisan Yojana के ऑफिशियल वेबसाइट पs जाईं।
  • ओहिजा Farmer Corner सेक्शन में जा के Beneficiary Status वाला विकल्प पs क्लिक करीं।
  • अब रउआ आपन आधार नंबर, रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर भा बैंक खाता नंबर डाल के चेक कs सकेनी कि राउर किस्त कब तक खाता में आई।

Read Also : Bihar Election 2025 : पप्पू, टप्पू आ अप्पू…महागठबंधन के तीन बंदर’, योगी के राहुल-तेजस्वी आ अखिलेश पs तंज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.