Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सीएम नीतीश कुमार के जुबान फेर से फिसलल, एs बेर बोलले- 400 से अधिक सीट लाके नरेंद्र मोदी के बनाए के बा

269

 

लोकसभा चुनाव प्रचार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जुबान एक बेर फिसलल। सीएम रविशंकर प्रसाद के समर्थन में वोट मांगे खातिर पटना साहब लोकसभा क्षेत्र के दनियावां पहुंचल रहले। जनसभा के संबोधित करत उs कहले कि एक बेर फेर से 400 से जादे सीट लेके आदरणीय प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के मुख्यमंत्री बनावे के बा अवुरी देश के विकास करे के बा, सीएम से इs बात सुन के सभके अचरज भईल।

एकरा से पहिले वैशाली में सीएम नीतीश कुमार के जुबान फिसल गईल रहे

एकरा से पहिले सीएम नीतीश कुमार वैशाली में भी अयीसने बयान देले रहले। 19 मई के लोकसभा चुनाव प्रचार के दौरान मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के जुबान एक बेर फिसल गईल। उ वैशाली लोकसभा क्षेत्र के प्रेमराज खेल मैदान में चुनावी बैठक के संबोधित करत रहले। लोक जनशक्ति पार्टी (रामविलास) के उम्मीदवार वीणा देवी के समर्थन में वोट मांगत उs कहले कि उनुका के विजयी बनावे के होई। सीएम कहले कि हमनी के बिहार के सभ 40 सीट अवुरी देश भर के चार हजार सीट जीतल चाहतानी। एह दौरान बिहार सरकार के मंत्री विजय चौधरी अवुरी राज्यसभा सांसद संजय झा के संगे वैशाली विधायक सिद्धार्थ पटेल अवुरी वैशाली लोकसभा के उम्मीदवार वीणा देवी मंच पs मौजूद रहली।

7 अप्रैल के नवादा लोकसभा क्षेत्र में चुनाव प्रचार के दौरान सीएम नीतीश जी के जुबान से फिसल गईल रहे। ओह घरी मंच पs पीएम मोदी भी मौजूद रहले। उ कहले रहले – “आदरणीय प्रधानमंत्री के दसवां साल चलता। तब उs आगे जीयत रहीहे। पांच साल में कवनो दिक्कत ना होई। हमनी के पूरा उम्मीद बा कि चार… चार हजार से जादे एमपी होईहे।” ओकरा पक्ष में ई हमनी के निहोरा बा।  देश में 543 संसदीय क्षेत्र बा आ ओतने संख्या में सांसद चुनल जालें। बिहार में चालीस सीट बा। अबकी बेर पीएम मोदी 400 पार करे के लक्ष्य तय कइले बाड़न बाकिर 400 कt जगहा मुख्यमंत्री चार हजार बतवले. सीएम नीतीश के एs बयान पs बहुत आलोचना भईल।

 

 

 

 

 

844980cookie-checkसीएम नीतीश कुमार के जुबान फेर से फिसलल, एs बेर बोलले- 400 से अधिक सीट लाके नरेंद्र मोदी के बनाए के बा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.