[the_ad_group id="30365"]

Tejashwi Yadav : नीतीश कुमार फेर मरिहें पलटी? तेजस्वी के नया बयान से बिहार में मचल खलबली, CM के दे देले खुला ऑफर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Politics बिहार में लोकसभा चुनाव के रिजल्ट से पहिले पूर्व डिप्टी सीएम तेजस्वी यादव बड़ बयान दे देले बाड़े। उऽ सीएम नीतीश कुमार के बड़ ऑफर देले बाड़े। उऽ कहले कि चार जून के बाद पिछड़न के राजनीति आ पार्टी बचावे खातिर चाचा कवनो फैसला ले सकऽ ताड़े । एह बयान से राजनीतिक सरगर्मी तेज हो गइल बा।

तेजस्वी मीडिया से बात करत घरी कहले कि हमार चाचा जवन बाड़े, पिछड़न के राजनीति आ आपन पार्टी के बचावे खातिर चार जून के बाद कवनो बड़ फैसला ले सकऽ ताड़े। एह घरी नीतीश कुमार लगातार ई कह रहल बाड़े कि अब उऽ एने – ओने कहीं ना जइहें, एह बीच तेजस्वी के अइसन बयान कई तरह के संकेत देता।

कुछे महीना पहिले नीतीश तुड़ले रहले राजद से नाता

नीतीश कुमार कुछे महीना पहिले गड़बड़ी के आरोप लगावत राजद (RJD) के साथ छोड़ देले रहले। एकरा बाद भाजपा के साथे बिहार में सरकार बनवले। एकरा पहिले बिहार के नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव मोदी सरकार पs एक बार फेर लोगन के बहलावे के आरोप लगवले रहले।

उऽ अपना एक्स पs लिखले कि पहिले मोदी जी लोगन के बहलावत (एम्यूज) रहले। ओकरा बादो बात ना बने तऽ दुरुपयोग (मिसयूज) करेले। आ जदि छात्र, नौजवान, रोजगार, नौकरी भर्ती मांगी तऽ ओकर अधिकार देवे से साफ इंकार (रिफ्यूज) कऽ के पुलिस के लाठी से उनका लो के मांग से इंकार (डिफ्यूज) कऽ देवेले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]