- Sponsored Ads-

Bihar Cabinet : नीतीश कैबिनेट में 36 फैसलन पs लागल मुहर, चुनाव से पहिले नाइट गार्ड आ रसोईयन के मिलल तोहफा

Share

- Sponsored Ads-

पटना। CM Nitish Kumar Cabinet Meeting: मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में भइल बिहार कैबिनेट बैठक में 36 प्रस्तावन के मंजूरी दिहल गइल। बैठक में कृषि, शिक्षा, मानदेय वृद्धि, नया नियुक्ति आ नियमावली से जुड़ल अहम फैसला लिहल गइल। मुख्यमंत्री सचिवालय के कैबिनेट हॉल में चल रहल नीतीश कैबिनेट के अहम बैठक संपन्न हो गइल बा। कैबिनेट के बैठक में तमाम विभागन के मंत्री मवजूद रहल लो। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में भइल एह बैठक में अलग-अलग विभागन से जुड़ल कुल 36 प्रस्ताव पs कैबिनेट के मुहर लागल बा।

हर विधानसभा क्षेत्र में खोलल जाई डिजिटल लाइब्रेरी

राज्य के हर विधानसभा में क्षेत्र में खोलल जाई डिजिटल लाइब्रेरी। एह डिजिटल लाइब्रेरियन मे जेई,नीट जइसन विषयन खातिर ऑनलाइन पाठ्यक्रम उपलब्ध होई।

शारीरिक शिक्षकन के बड़ सौगात

हाले में नीतीश रसोईयन के मानदेय दोगुना करे के फैसला लेले बाड़ें। आज एकराे के कैबिनेट मंजूरी दे देले बा। संगही फिजिकल टीचर के मानदेय दोगुना कइल गइल बा। बता दीं कि शारीरिक शिक्षकन के मानदेय 8000 से बढ़के 16000 कइला के प्रस्ताव पs नीतीश सरकार मुहर लगा देले बा। रसोईया आ रात्रि प्रहरी के मानदेय बढ़ा दिहल गइल बा, जवना से कैबिनेट मंजूरी कs लेले बा।

TRE-4 से डोमिसाइल नीति लागू

नीतीश कुमार सोमार के एलान कइले कि चौउथा चरण के शिक्षा नियुक्ति परीक्षा TRE-4 से डोमिशाइल नीति लागू कइल जाई। एकरो के कैबिनेट से पास कs दिहल गइल बा। डोमिसाइल लागू होखला के बाद अब करीब 84 प्रतिशत सीटन पs बिहार के लोगन के नौकरी मिली। खाली 15.6 प्रतिशत सीटन पs बाहर के लोग अब आवेदन कs सकत बा।

शिक्षकन खातिर स्थानांतरण सेवा नियमावली मंजूर

ओहिजा, बिहार राज्य विद्यालय अध्यापक नियुक्ति स्थानांतरण सेवा नियमावली के मंजूरी दिहल गइल बा। बिहार शहरी आयोजन स्कीम नियमावली 2025 के स्वीकृति दिहल गइल बा।

कृषि विभाग खातिर 712 पदन के मंजूरी

ओहिजा, कृषि विभाग के अंतर्गत अलग-अलग कार्यालय 712 पदन के स्वीकृति दिहल गइल बा। जबकि संख्या के संगणक के 534 पs कृषि संख्या के अनुदेशक के 178 पदन के मंजूरी दिहल गइल बा। कृषि विभाग के अंतर्गत कृषि अधीनस्थ सेवा कोटी पांच पवधा संरक्षण नियमावली 2025 के मंजूरी दिहल गइल बा। संगही, औरंगाबाद में अनुसूचित जाति जनजाति भीमराव अंबेडकर आवासीय विद्यालय बनी।

Read Also : Suvendu Adhikari Attacked : पश्चिम बंगाल में सुवेंदु अधिकारी के काफिला पs हमला, वाहनन में तोड़फोड़

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-