Suvendu Adhikari Attacked : पश्चिम बंगाल में सुवेंदु अधिकारी के काफिला पs हमला, वाहनन में तोड़फोड़

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 5, 2025

कोलकाता। पश्चिम बंगाल में बीजेपी नेता सुवेंदु अधिकारी के काफिला पs हमला हो गइल। कुछ लोग उनका वाहन पs पत्थरबाजी कइल। ई घटना आज सबेरे के हs, जब सुवेंदु अधिकारी पश्चिम बंगाल के कूच बिहार

Share

कोलकाता। पश्चिम बंगाल में बीजेपी नेता सुवेंदु अधिकारी के काफिला पs हमला हो गइल। कुछ लोग उनका वाहन पs पत्थरबाजी कइल। ई घटना आज सबेरे के हs, जब सुवेंदु अधिकारी पश्चिम बंगाल के कूच बिहार में एगो प्रदर्शन रैली के अगवाई करत रहस, तबे कुछ लोग उनका काफिला के निशाना बनावल।

सुवेंदु अधिकारी के प्रदर्शन के जवाब में ममता बनर्जी के पार्टी तृणमूल कांग्रेस (TMC) के सदस्य इलाका में प्रदर्शन करे के योजना बनवले रहे लो।

गाड़ियन के कांच टूटल

एह घटना के बाद इलाका में हड़कंप मच गइल बा। कूच बिहार से हमला के बाद के वीडियो सामने आइल बा, जेमे देखल जा सकत बा कि पुलिस के गाड़ी के कांच चकनाचूर हो चुकल बा।

हमलावर वाहनन में बुरा तरे से तोड़फोड़ कइलें सs। संगही सुवेंदु अधिकारी के करिया झंडा देखावल गइल। कइयन लोग हाथ में TMC के झंडा लेके नारेबाजी करत नजर आ रहल बा।

बीजेपी TMC पs लगवलस आरोप

पश्चिम बंगाल के नेता प्रतिपक्ष सुवेंदु अधिकारी एह हमला खातिर ममता सरकार के जिम्मेदार ठहरवले बाड़ें। बीजेपी के कहनाम बा कि एह हमला के योजना पहिलही से बना लिहल गइल रहे।

TMC कइलस खंडन

TMC बीजेपी के एह आरोपन के सिरा से खारिज कs देले बिया। TMC के कहनाम बा कि राज्य सरकार के बदनाम करे खातिर बीजेपी खुद ई ड्रामा रचले बिया। TMC के मोताबिक, बीजेपी में आंतरिक कलह चल रहल बा आ ई हमला ओकरे नतीजा हs।

सुवेंदु कइलें एसपी ऑफिस के रुख

जानकारी के मोताबिक, सुवेंदु अधिकारी आउर पार्टी कार्यकर्तन के संगे कूच बिहार इस्थित एसपी ऑफिस पहुंचल बाड़ें, जहां उ हमला के खिलाफ शिकायत दर्ज करवलें।

Read Also : Satyapal Malik : जम्मू-कश्मीर के पूर्व राज्यपाल सत्यपाल मलिक के निधन, दिल्ली के RML अस्पताल में चलत रहे इलाज 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.