बिहार बोर्ड मैट्रिक रिजल्ट जारी: 82.9% स्टूडेंट्स पास,  पूर्णिया के शिवांकर फर्स्ट आ समस्तीपुर के आदर्श सेकेंड टॉपर

Share

बिहार बोर्ड मैट्रिक परीक्षा के रिजल्ट जारी कs दिहल गइल बा। 82.91% स्टूडेंट्स पास भइल बा। पिछलका बेर से 1.87 फीसदी रिजल्ट जादे रहल। बोर्ड के अध्यक्ष आनंद किशोर बतवलें कि पूर्णिया के शिवांकर प्रदेश टॉपर बनलें। इएमे 500 में से 489 अंक मिलल बा। जबकि समस्तीपुर के आदर्श सेकेंड टॉपर (488) बाड़ें।

थर्ड टॉपर जमुई के आदित्य कुमार, मधुबनी के सुमन कुमार पूर्वे, सारण के पलक कुमारी आ वैशाली के साजिया परवीन बाड़ी। चारो के 486 नंबर मिलल बा। अबकी बेर चार लाख से जादे फर्स्ट डिवीजन से पास भइल बा, जबकि पांच लाख से जादे स्टूडेंट्स सेकेंड डिवीजन में पास बा लो।

टॉप 10 में 51 स्टूडेंट्स

दसवीं के रिजल्ट में अबकी बेर टॉप 10 में 51 स्टूडेंट्स सामिल बा लो। ओहिजा, टॉप फाइव में दस विद्यार्थियन के नाम बा।

एह वेबसाइटन पs चेक कइल जा सकत बा आपन रिजल्ट

  • biharboardonline.bihar.gov.in
  • result.biharboardonline.com
  • biharboardonline.com
  • secondary.biharboardonline.com

छात्रन के आपन रिजल्ट देखे खातिर रोल नंबर, रजिस्ट्रेशन नंबर आ डेट ऑफ बर्थ के आवश्यकता होई। एह सब जानकारी के बिना स्टूडेंट्स आपन रिजल्ट ना देख पाई लो।

15 लाख से जादे स्टूडेंट्स देले रहे लो एग्जाम

एह साल दसवीं बोर्ड परीक्षा में कुल 16.94 लाख स्टूडेंट रजिस्ट्रेशन करवले रहे लो। एमे से 15 लाख से जादे विद्यार्थी एग्जाम में सामिल रहे लो।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-