जेपी यूनिवर्सिटी में लंबित सत्रन के एक के बाद एक परीक्षा : अप्रिल से जून तक होई परीक्षा, कइयन सत्र के 2 साल से लंबित बा परीक्षा 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 29, 2024

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में लंबित सत्रन के सुचारू आ नियमित करे के लेके कवायद तेज कs दिहल गइल बा। एह दौरान सब लंबित परीक्षा के जल्दी से पूरा करावे के लेके कुलपति आ परीक्षा विभाग के

Share

PHD Enterance Exam

जयप्रकाश विश्वविद्यालय में लंबित सत्रन के सुचारू आ नियमित करे के लेके कवायद तेज कs दिहल गइल बा। एह दौरान सब लंबित परीक्षा के जल्दी से पूरा करावे के लेके कुलपति आ परीक्षा विभाग के बीच समन्वय बैठक आयोजित कइल गइल।

अप्रिल महीना से लेके जून तक सब तरे के लंबित परीक्षा के सम्पन्न करा लेवे के निरदेस जारी कइल गइल बा, जवना के तहत सब परीक्षा संपन्न होखला के बाद साल 2025 से सब सत्रन के नियमित रूप से संचालित करे के लक्ष्य रखल गइल बा। कइयन गो परीक्षा पिछला दु साल से लंबित बा। ओकरा के लेके अप्रिल के पहिला हफ्ता में नोटिफिकेशन जारी कइल जाई। अप्रिल में स्नातक वर्ष 2023-27 के फर्स्ट सेमेस्टर के आ स्नातक वर्ष 2020 के पार्ट थ्री आउर स्नातक 2021 पार्ट टू के परीक्षा फॉर्म भरे आ परीक्षा के शेड्यूल जारी कइल जाई।

सत्र के नियमित आ परीक्षा संबंधित जानकारी के लेके कुलपति प्रोफेसर प्रमेंद्र कुमार बाजपेयी बतवलें कि हम लंबित सत्रन के नियमित करे खातिर पूरा तरे सजग बा। हाले में सीनेट के बैठक में राज्यपाल परीक्षा के जल्द से जल्द पूरा कराव सत्र के अपडेट करे के निरदेस दिहल गइल बा। हम खुद एकर मॉनिटरिंग कs रहल बानी। अगिला तीन महीना में लगातार परीक्षा के आयोजन होई। स्नातक सत्र 2025 के सुरू होखे से पहिले सब पेंडिंग परीक्षन के आयोजन पूरा कs लिहल जाई।

नियमित आ कम अंतराल पs परीक्षा आयोजित कइल आ सिलेबस पूरा कइल महाविद्यालय आ विश्वविद्यालय खातिर चुनौती होई। एकरा के लेके कुलपति के ओर से अतिरिक्त क्लास चलावे के जानकारी दिहल गइल बा। कइयन सत्र के सिलेबस पूरा कइल जा चुकल बा, बाकिर परीक्षा लंबित बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.