पटना। बिहार विधानसभा चुनाव (Bihar Election 2025) के तारीख अब तय हो गइल बा। कुल 243 सीट पs दू चरण में वोटिंग होई- पहिला चरण 6 नवंबर के आ दूसरा चरण 11 नवंबर के 14 नवंबर के वोट गिनती के बाद नतीजा घोषित कइल जाई।
छठ पूजा के बाद रखल गइल बा मतदान के तारीख
निर्वाचन आयोग के सूत्रन से मिलल जानकारी अनुसार, ई बेर तीन के जगह दू चरण में चुनाव करावे के फैसला भइल बा। ई बेवस्था खास कs के प्रवासी बिहारी मतदाता के छठ पूजा के बाद लौटे के सुविधा ध्यान में रखके बनावल गइल बा। पहिला चरण में उत्तरी आ मध्य बिहार के जिलन में वोटिंग होई, ताकि जादे से जादे लोग मतदान में सामिल हो सके।
मुख्य चुनाव आयुक्त के प्रेस कॉन्फ्रेंस
मुख्य चुनाव आयुक्त ज्ञानेश कुमार कहलें कि बिहार चुनाव में आयोग 17 गो नया पहल लागू करे वाला बा। कुछ सुधार मतदान से पहिले, कुछ दौरान में आ कुछ प्रक्रिया पूरा होखे के बाद लागू होई। ई बेर हर मतदान केंद्र पs वेबकास्टिंग के सुविधा होई, ताकि पारदर्शिता बनल रहे। आयोग चाहत बा कि बिहार के चुनाव 22 नवंबर से पहिले पूरा हो जाव, काहे कि ओह दिन विधानसभा के कार्यकाल समाप्त हो जाई।
मतदाता सूची में सुधार के बड़ कदम
सीईसी ज्ञानेश कुमार बतवलें कि “विशेष गहन पुनरीक्षण (SIR)” से 22 बरिस बाद बिहार के मतदाता सूची के शुद्धिकरण भइल बा। अब जवन नया बेवस्था बिहार में लागू हो रहल बा, ओकरा के धीरे-धीरे पूरा देस में अपनावल जाई।
17 नया पहल में का-का बा?
मुख्य चुनाव आयुक्त के मोताबिक, अब हर नया वोटर के 15 दिन के भीतर पहचान पत्र मिल जाई। मतदान केंद्र पs मोबाइल फोन जमा करे के बेवस्था होई। हर बूथ पs लाइव मॉनिटरिंग सिस्टम (वेबकास्ट) लगावल जाई। नया मानक संचालन प्रक्रिया (SOP) लागू होई ताकि गड़बड़ी ना हो सके।
नाम जोड़े भा हटावे के मौका अभियो
सीईसी कहलें कि जदि कवनो मतदाता के नाम जुड़ल भा कटला पs शिकायत बा, तs ऊ जिला मजिस्ट्रेट के लगे अपील कs सकेला। नामांकन के 10 दिन पहिले तक नाम जोड़े भा हटावे के प्रक्रिया चल सकेला।