IMC 2025 : इंडिया मोबाइल कांग्रेस 2025 के शुभारंभ समारोह में बोललें पीएम- युवा लोग संभराल टेक क्रांति के लगाम

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 8, 2025

नई दिल्ली। भारत आ एशिया के सबसे बड़ टेक्नोलॉजी मेला मानल जाये वाला इंडिया मोबाइल कांग्रेस (IMC) 2025 के आज से आगाज हो गइल बा। ई आयोजन 8 से 11 अक्टूबर तक नई दिल्ली के

Share

नई दिल्ली। भारत आ एशिया के सबसे बड़ टेक्नोलॉजी मेला मानल जाये वाला इंडिया मोबाइल कांग्रेस (IMC) 2025 के आज से आगाज हो गइल बा। ई आयोजन 8 से 11 अक्टूबर तक नई दिल्ली के यशोभूमि कन्वेंशन सेंटर में हो रहल बा। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आज इवेंट के उद्घाटन कइलें आ देशवासी सभे के संबोधित कइलें।

भारत के 6G विजन पs होई खास चर्चा

अबकी बेर के IMC में भारत के 6G विजन पs खास चर्चा होखे वाला बा। देस में 6G से जुड़ल रिसर्च आ तकनीकी क्षमता के प्रदर्शन कइल जाई। संगही आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस (AI) आ सैटेलाइट इंटरनेट के बढ़त प्रभाव पs भारत के विजन पेश कइल जाई।

पीएम मोदी कहलें- तेजी से बदल रहल बा टेक्नोलॉजी के दुनिया

पीएम मोदी अपना संबोधन में कहलें कि आज देस के नवहा पीढ़ी टेक्नोलॉजी क्रांति में मुख्य भूमिका निभावत बिया। पहिले “भविष्य” के मतलब अगिला सदी भा 10-20 साल बाद के समय रहे, बाकिर अब टेक्नोलॉजी एतना तेजी से बदल रहल बा कि हमनी के कह सकेनी सs – “The Future is Here and Now.”

ग्राम पंचायत तक पहुंचल ब्रॉडबैंड इंटरनेट

प्रधानमंत्री मोदी कहलें कि इंटरनेट स्पीड बढला से विकास के रफ्तार बढ़ जाला। अभी ले 2 लाख से बेसी ग्राम पंचायत ब्रॉडबैंड इंटरनेट से जुड़ चुकल बा। ऊ कहलें कि देस के डिजिटल यात्रा अब नया मुकाम पs पहुंच गइल बा।

Read Also: Ayodhya News: अयोध्या में आज दक्षिण भारतीय संतन के प्रतिमा के अनावरण करिहें CM योगी आ निर्मला सीतारमण, रामनगरी में उत्सव के माहौल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.