Bihar News: बेगूसराय में तेज रफ्तार ट्रक बाइक सवार युवकन के रऊंदलस, दूनो लोग के मउत

Sudhir Kumar Mishra

Bihar में तेज रफ्तार के कहर एक बेर फेरू से देखे के मिलल बा, घटना बेगूसराय के हरदिया एसएच 55 के लगे के बा एगो बहुते तेज रफ्तार में आवत हाइवा ट्रक धाका मार देले बा। एह घटना में बाइक सवार दु लोगन में से एक लोग के ओहि मवका पs मउत हो गईल, ओहिजे दोसर जाना के ईलाज के दउरान आपन दम तूर दिहले।

बेगूसराय में लगातार रफ्तार के कहर देखे के मिल रहल बा । एही सिलसिला में एक बेर फेरू तेज रफ्तार हाइवा ट्रक  मोटरसाइकिल पs सवार दू गो युवकन के रऊंद देलस। एह हादसा में एगो युवक के घटनास्थले पs बड़ा दर्दनाक मउत हो गईल। जबकि दूसरका युवक के गंभीर रूप से घायल हालत में अस्पताल में भर्ती करावाल गइल रहे । जहां इलाज के दउरान ओकरो मउत हो गईल। घटना मुफस्सिल थाना क्षेत्र के हरदिया स्थित एसएच 55 के लगे भईल बा। एह घटना के बाद ओह जगहि पs घंटन तक ले अफरा-तफरी के माहौल बनल रहे।

हादसा के बाद सड़क पs घायल युवक बहुत देर तक ले तड़पत रहे।बाकिर ओहिजे मवजूद लोगन में से केहू ओकर  मदद ना कइलस। बाद में ओहिजा से गुजर रहल एगो रिक्शा चालक मानवता देखवलस। उ ओह घायल युवक के ओहिजा से उठाई  के इलाज खातिर बेगूसराय के सदर अस्पताल में भर्ती करवलस, जहां युवक के स्थिति चिंताजनक बनल रहे । बाकिर अब ओकर मउत हो गईल बा।

बताया जा रहल बा  कि दूनों युवक मोटरसाइकिल पs सवार हो के केनियो जात रहले। ओहि बेरा तेज रफ्तार हाइवा ट्रक ओह दूनों युवकन के रऊंद देलस। एह से एगो युवक के घटनास्थले पs मउत हो गईल। जबकि दूसरका युवक के इलाज के बेरा अस्पताल में मउत हो गईल।

एह घटना के सूचना स्थानीय लोग मुफस्सिल थाना पुलिस के दिहलस। एकरा बाद मवका पs मुख्य सेल थाना पुलिस पहुंचल आ मामला के तफ्तीश में जुट गईल। फिलहाल मृत युवकन के पहिचान अभी तक नइखे हो पावल। पुलिस एह दूनो युवकन के पहिचान करावे में जुटल बिया।

Share This Article