Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Subi Suresh: मशहूर टीवी होस्ट सुबी सुरेश के निधन, मलायलम एक्ट्रेस 41 साल के उमिर में लिहली आखरी सांस

मलयालम सिनेमा खातिर आजू बहुत करिया दिन रहल ,मशहूर टीवी होस्ट सुबी सुरेश के महज 41 साल के उमर में निधन हो गइल

7,250

आपन चुलबुली अदा आ भूमिकन खातिर जानल जाए वाली सुबी सुरेश लोगन के बीचे बहुते पॉपुलर रहलीं।मलयालम सिनेमा खातिर आजू बहुत करिया दिन रहल ,मशहूर टीवी होस्ट सुबी सुरेश के महज 41 साल के उमर में निधन हो गइल 

साउथ सिनेमा इंडस्ट्री से दुखद खबर सोझा आ रहल बा । लोकप्रिय मलयालम अभिनेत्री आ टेलीविजन होस्ट सुबी सुरेश के बुधवार के कोच्चि के एगो निजी अस्पताल में निधन हो गइल। अभिनेत्री के निधन के पुष्टि उनका परिवार द्वारा कइल गईल बा । कथित तउर पs सुबी कुछ समय से लीवर के बेमारी से जूझत रहली आ उनकर इलाज चलत रहे। सुबी 41 बरिस के उमिर में अंतिम सांस लिहली।

सुबी सुरेश अपना चुलबुली भूमिका आ डायलॉग डिलीवरी खातिर लोगन के बीचे खूबे प्रसिद्ध रहली। अभिनेत्री  छोटका से लेके बड़का परदा तक अपना प्रतिभा के दम पs लोगन के वाहवाही लूटली। सुबी के फैंस लाखन के संख्या में बा, जे लोग एह समय अपना पसंदीदा अभिनेत्री के एह तरे  अचानक मुअला के बाद सदमा में बा। बरिसन पहिले ‘कोचीन कलाभवन मंडली’ में एगो मिमिक्री कलाकार के रूप में अपना करियर की शुरुआत करत सुबी गते-गते मंच पs आ टेलीविजन पs आपन जगह बनवले रहली।
बहुत कमें समय में सुबी लोगन के बीचे बहुत पॉपुलर हो गईल रहली। अभिनेत्री अलगा-अलगा टेलीविजन चैनलन द्वारा आयोजित लाइव स्टेज शोज के एगो अटूट हिस्सा बन गईल रहली। ‘सिनेमाला’ शो में सुबी आपन अलग-अलग अंदाज में धमाल मचाई के दर्शकन के दिल बखूबी जीतले रहली । टीवी होस्ट होखला के संगे-संगे सुबी  फिल्मन में भी काम कइली। अभिनेत्री  अपना छोटहन करियर में 20 से बेसी फिल्मन में अपना अदाकारी के दम देखवले रहली ।
सुबी के परिवार में उनकर माई-बाबूजी के अलावा एगो  भाई बा। अभिनेता-एंकर के एह तरे अचानक निधन पs इंडस्ट्री के कलाकारन से लेके फैंस तक सभे लोग शोक व्यक्त कर रहल बा। मुख्यमंत्री पिनाराई विजयनो अभिनेत्री के मुअला पs सोक जतावत कहलें कि उ रियलिटी शो आ हास्य कार्यक्रमन के माध्यम से मलयाली लोगन के दिलन आपन में जगह बनवली।
467210cookie-checkSubi Suresh: मशहूर टीवी होस्ट सुबी सुरेश के निधन, मलायलम एक्ट्रेस 41 साल के उमिर में लिहली आखरी सांस

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.