Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bilaspur: वंदे भारत एक्सप्रेस पs शरारती तत्वन के पथराव, ट्रेन के शीशा टूटल; यात्रियन में मचल खलबली

वन्दे भारत ट्रेन सरकार आ रेलवे खातिर कपार के दर्द बन गईल बिया जब ना तब एह ट्रेन पs असमाजिक तत्व पथराव कई देत बाड़े सs,अभी के नयका घटना में बिलासपुर में एह ट्रेन पs पथराव भईल बा गनीमत अतने रहल कि बस ओह ट्रेन के खाली जंगले टूटल बा आ यात्री लोगन के कवनो जान-माल के नोकसान नईखे भईल

875

वन्दे भारत ट्रेन सरकार आ रेलवे खातिर कपार के दर्द बन गईल बिया जब ना तब एह ट्रेन पs असमाजिक तत्व पथराव कई देत बाड़े सs,अभी के नयका घटना में बिलासपुर में एह ट्रेन पs पथराव भईल बा गनीमत अतने रहल कि बस ओह ट्रेन के खाली जंगले टूटल बा आ यात्री लोगन के कवनो जान-माल के नोकसान नईखे भईल।

वंदे भारत एक्सप्रेस में एक बेर फेरू से पथराव के घटना सोझा आईल बा । बिलासपुर से नागपुर के बीचे चले वाली अत्याधुनिक वंदे भारत एक्सप्रेस के कोच नंबर सात के विंडो में नागपुर के भंडारा स्टेशन के लगे कुछ अज्ञात लोगन द्वारा पथराव कइल गइल।

पथराव के कारने वंदे भारत एक्सप्रेस के जंगला पूरा तरह क्षतिग्रस्त हो गईल। राहत के बात अतने कि पथराव से खाली जंगले के नोकसान पहुँचल बा, एह में जतरा करे वाले यात्रियन के कवनो प्रकार के हानि नइखे पहुंचल । रेलवे के आरपीएफ टीम  केस दर्ज कईके शरारती तत्वन के तलाश शुरू कई देले बिया ।

आप सब के बता दिहीं कि करीब ढाई महीना पहिले देश के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी नागपुर से हरीयर झंडी देखाई के बिलासपुर नागपुर के बीचे चले वाली वंदे भारत एक्सप्रेस के शुरुआत कईले रहले। ट्रेन के सुरू भईला के बाद अब तक सात मामला सोझा आ गइल बा। जवना में अज्ञात लोगन द्वारा ट्रेन पs पथराव जईसन घटना देखे के मिलल बा । जेकरा के लेके रेलवे प्रशासनो अपना स्तर पs पटरियन के अगल-बगल रहे वाला स्लम एरिया में लोगन के समझावे खातिर लगातार जागरूकता अभियनो चला रहल बिया। बावजूद एकरा वंदे भारत एक्सप्रेस पs लगातार हो रहल पथराव के घटना रुके के नावे नइखे लेत , आ इहे बात  रेलवे प्रशासनो खातिर परेशानी के कारण बनल बा।

467560cookie-checkBilaspur: वंदे भारत एक्सप्रेस पs शरारती तत्वन के पथराव, ट्रेन के शीशा टूटल; यात्रियन में मचल खलबली

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.