[the_ad_group id="30365"]

भारतीय खेल जगत के बड़ झटका, एह महान खिलाड़ी के भइल निधन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारतीय टीम खातिर खेले वाला आ पेले के न्यूयॉर्क कोस्मोस के खिलाफ मोहन बागान के गोल करे वाला 1970 के दशक के महान फुटबाल खिलाड़ी मोहम्मद हबीब के मंगल के दिने निधन हो गइल। उ 74 साल के उमिर में दुनिया के अलविदा क देले। बता दीं कि अल्जाइमर आ पार्किंसन से पीड़ित हबीब अपना शहर हैदराबाद में आखिरी साँस लेहले। उनुका पीछे पत्नी अवुरी तीन बेटी बाड़ी। 1970 में बैंकाक में एशियाई खेलन में कांस्य पदक जीते वाली टीम के सदस्य हबीब मोहन बागान, पूर्वी बंगाल आ मोहम्मडन स्पोर्टिंग खातिर खेलले रहले।

खिलाड़ी के बाद उ एगो सफल कोच बनले

अईसन शुरुआत कईला के बाद उ आपन कैरियर कोचिंग के ओर आगे बढ़वले। उ टाटा फुटबॉल एकेडमी के कोच भी रहले। 17 जुलाई 1949 के जनमल भारत के कप्तान रहल ई देश खातिर 35 गो अंतर्राष्ट्रीय मैच में 11 गोल कइले रहलें। उ हल्दिया में फुटबाल एसोसिएशन ऑफ इंडिया एकेडमी के मुख्य कोच के रूप में भी काम कईले। हबीब 1977 में ईडन गार्डन में बरखा में पेले के कोस्मोस क्लब के खिलाफ गोल कइले रहले। ओह टीम में पेले, कार्लोस अलबर्टो, जॉर्जियो सी जइसन दिग्गज रहले।

पेले भी हबीब के तारीफ कईले

पेले कोस्मोस क्लब के खिलाफ खेलल ई मैच 2-2 से बराबरी पs खतम भइल। मैच के बाद खुद महान पेले भी उनुकर तारीफ कईले। हबीब 1975 तक अंतर्राष्ट्रीय फुटबॉल खेलले। खेल में योगदान खातिर अर्जुन पुरस्कार भी दिहल गइल। अखिल भारतीय फुटबाल महासंघ के अध्यक्ष कल्याण चौबे उनकरी निधन पs कहले कि “कोलकाता फुटबाल के दिग्गज मियां मोहन बागान आ टीएफए में हमार कोच आ मार्गदर्शक रहले। एशियन गेम्स 1970 में भारत के कांस्य पदक में उनुकर योगदान हमेशा याद राखल जाई। उनकर आत्मा के शांति मिले।”

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]