एक बेर फेरु उत्तर प्रदेश में तबादला सूची जारी हो गइल बा. अब 7 गो आईपीएस अधिकारी के तबादला हो गइल बा. आईपीएस बबलू कुमार के जॉइंट पुलिस कमिश्नर (लॉ एंड ऑर्डर) लखनऊ बनावल गइल बा.
*उपेंद्र कुमार अग्रवाल के पुलिस सुरक्षा महानिरीक्षक बना दिहल गइल बा लखनऊ के. एकरा से पहिले उs पुलिस महानिरीक्षक, आर्थिक अपराध के रूप में काम करत रहले।
*विनोद कुमार सिंह के कानपुर नगर के अपराध आयुक्तालय के अपर पुलिस आयुक्त बनावल गइल बा. एकरा से पहिले उs लखनऊ के पुलिस सुरक्षा महानिरीक्षक के पद पs रहले।
*अमित वर्मा के लखनऊ के पुलिस अपराध के संयुक्त आयुक्त बनावल गइल बा. एकरा से पहिले उs संयुक्त पुलिस आयुक्त (लॉ एंड ऑर्डर) लखनऊ के पद पs रहले।
*बबलू कुमार के संयुक्त पुलिस आयुक्त, कानून व्यवस्था पुलिस आयुक्त बनावल गईल, एकरा से पहिले उs संयुक्त पुलिस आयुक्त, अपराध अवुरी मुख्यालय पुलिस आयुक्त रहले।
*प्रदीप कुमार के आर्थिक अपराध अनुसंधान संगठन वाराणसी के पुलिस अधीक्षक बनावल गईल। एकरा से पहिले एएनटीएफ मुख्यालय लखनऊ में पुलिस अधीक्षक के पद पs तैनात रहले।
*एसम कासिम आबिदी के पुलिस उपायुक्त कानपुर नगर के बनावल गइल बा एकरा से पहिले ऊ पुलिस अधीक्षक, सतर्कता अधिष्ठान उत्तर प्रदेश, लखनऊ के पद पs काम करत रहले.
*मनोज कुमार अवस्थी के पुलिस अधीक्षक कानून व्यवस्था, पुलिस महानिदेशक लखनऊ बनावल गइल बा. एकरा से पहिले उs पुलिस अधीक्षक/अतिरिक्त पुलिस अधीक्षक, ग्रामीण शाहजहांपुर रहले।
इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा