टेक डेस्क : UPI से जुड़ल एगो बड़ आ अहम फीचर के बंद कइल जा रहल बा। एगो रिपोर्ट के अनुसार, नेशनल पेमेंट्स कॉरपोरेशन ऑफ इंडिया माने NPCI अब यूपीआई के अहम फीचर ‘कलेक्ट पेमेंट्स’ के धीरे-धीरे बंद कs रहल बा। ई सुविधा खाली कुछ बड़ बेयापारियन आ वेरिफाइड बेयापारियन के दिहल जाई। ईटी दु बैंकरन के हवाले से ई जानकारी देले बा। रिपोर्ट के अनुसार, कलेक्ट पेमेंट के पुल ट्रांजैक्शनो कहल जाला। एह फीचर के तहत पईसा पावे वाला ब्यक्ति दूसरका ब्यक्ति से पईसा भेजे के रिक्वेस्ट कs सकत बा। ओकरा बाद पईसा भेजे वाला यूपीआई ऐप से ओह ट्रांजैक्शन के अप्रूव कs देला। उदाहरण खातिर जब रउआ ऑनलाइन कवनो सामान मंगवावेनी आ यूपीआई पेमेंट करत बानी, तs ऊ पेमेंट ‘कलेक्ट पेमेंट्स’ फीचर के तहत होला। रउआ अपना यूपीआई ऐप पs जाके पेमेंट अप्रूव करे के होला। एनपीसीआई के कदम से धोखाधड़ी रोके में मदद मिले के उम्मीद बा।
NPCI काहे बंद कs रहल बा ‘कलेक्ट पेमेंट्स’ फीचर
रिपोर्ट के अनुसार, एपीसीआई चाहत बा कि कलेक्ट पेमेंट्स के बजाए QR कोड आ पुश पेमेंट के बढ़ावा देलस। QR कोड पेमेंट में रउआ क्यूआर कोर्ड स्कैन कs के पईसा से चुकावे के होला, जबकि पुश पेमेंट में रउआ सीधे केहू के पईसा भेज सकत बानी। एनपीसीआई के लागत बा कि अइसन करे से यूपीआई के इस्तेमाल तेजी से बढ़ी।
डिजिटल पेमेंट पकड़ रहल बा तेज रफ्तार
भारत में डिजिटल पेमेंट बहुत तेजी से बढ़ रहल बा। अब दुकानदार डेबिट-क्रेडिट कार्ड भा नेट बैंकिंग के बजाए यूपीआई से पेमेंट ले रहल बा लो। एनपीसीआई चाहत बा कि ओकर पेमेंट लेवे के मोड QR कोड भा पुश पेमेंट होखे। हालांकि कलेक्ट पेमेंट के पूरा तरे से बंद ना कइल जाई। ई सुविधा खाली कुछ बड़ आ वेरिफाइड बेयपारियन के मिली।
PhonePe, गूगलपे के मिली फायदा
कलेक्ट पेमेंट के सीमित होखे से यूपीआई ऐप्स जइसन से Google Pay आ PhonePe समेत पेटीएम के फायदा होखे के बात कहल जा रहल बा। अब जादे से जादे ट्रांजैक्शंस ओह प्लेटफॉर्म से होई। छोट बेयपारियन के तनिका परेसानी आ सकत बा, बाकिर ऊ क्यूआर कोड पेमेंट के इस्तेमाल कs के पेमेंट ले सकत बा लो। ओहिजा, पर्सन-टू-पर्सन (P2P) कलेक्ट रिक्वेस्ट के लेके बतावल गइल बा कि ई अब खाली 2 हजार रुपिया तक सीमित हो सकत बा।
UPI लाइट में आ रहल बा नया फीचर
एगो आउर रिपोर्ट के अनुसार, UPI Lite सर्विस के इस्तेमाल करे वालन खातिर NPCI के तरफ से एगो नया फीचर रोलआउट कइल जा रहल बा। एह फीचर के नाम Transfer Out बा। नया फीचर के मदद से यूजर अपना यूपीआई लाइट बैलेंस के सीधे बैंक के बैलेंस में ट्रांसफर कs पाई लो। एह ममिला में NPCI के ओर से 21 फरवरी 2025 के एगो सर्कुलर जारी कs के जानकारी दिहल गइल बा। संगही सब बैंक, PSP बैंक आ UPI ऐप्स के 31 मार्च 2025 तक जरूरी बदलाव करे के निरदेस दिहल गइल बा।
Read Also: UP IPS Transfer: यूपी में फेर चलल तबादला एक्सप्रेस, योगी सरकार 32 आईपीएस अफसरन के कइलस ट्रांसफर