IPL Points Table: डबल हेडर के बाद अंक तालिका में बड़ बदलाव, दिल्ली शीर्ष पs; चैंपियन रहल चार टीम सबसे नीचे

Anurag Ranjan

स्पोर्टस् डेस्क: आईपीएल 2025 में सनीचर के दुगो मुकाबला खेलल गइल। हालांकि, दुनो मुकाबला लगभग एकतरफा भइल। पहिलका मैच में दिल्ली कैपिटल्स चेन्नई सुपर किंग्स के हरवलस, जबकि दूसरका मैच में राजस्थान रॉयल्स पंजाब किंग्स के शिकस्त देलस। एह दु मैचन के बाद अंक तालिका में बहुते बदलाव भइल बा। पंजाब के टीम के जहां तीन स्थान के नुकसान भइल, ओहिजा पूर्व चैंपियन रह चुकल चार टीम अंक तालिका में सबसे नीचे बा। आईं जानल जाव अंक तालिका के मवजूदा हाल…

अक्षर पटेल आ स्टार्क - फोटो : IPL/BCCI
अक्षर पटेल आ स्टार्क – फोटो : IPL/BCCI

सनीचर के मैच के बाद अंक तालिका

दिल्ली के खिलाफ चेन्नई के 25 रन से हार के सामना करे के पड़ल। ई दिल्ली के लगातार तीसरका जीत रहल। टीम छव अंक आ +1.257 के नेट रन रेट लेके शीर्ष पs बा। ओहिजा, चेन्नई के ई तीसरका हार रहल। पांच बेर के चैंपियन ई टीम एक जीत आ दु अंक लेके अंक तालिका में नवां स्थान पs बिया। नेट रन रेट -0.891 बा। ओहिजा, राजस्थान के जीत के फायदा भइल आ टीम सातवां स्थान पs कायम बा। ऊ अभी ले चार में से दुगो मैच जीतले बा, जबकि दुगो में ओकरा हार मिलल बा। राजस्थान के नेट रन रेट -0.185 बा। पंजाब के टीम के तीन स्थान के नुकसान भइल। दिल्ली-चेन्नई मैच के बाद पंजाब किंग्स पहिला से दूसरका स्थान पs लुढ़कल, फेर राजस्थान से खुद के मैच के बाद चउथा स्थान पs लुढ़क गइल। पंजाब तीन में से दुगो मैच जीतले बा आ चार अंक लेके चउथा स्थान पs बा। ओकर नेट रन रेट +0.074 बा।

आरसीबी दूसरका आ गुजरात के टीम तीसरका स्थान पs

रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु तीन में से दुगो जीत आ चार अंक लेके दूसरका स्थान पs बिया। ओकर नेट रन रेट +1.149 बा। ओहिजा, गुजरात टाइटंस तीन में से दुगो जीत आ एक हार के संगे तीसरका स्थान पs बा। ओकर नेट रन रेट +0.807 बा। फेर पंजाब के नंबर आवत बा। ओकरा बाद पांचवां स्थान पs कोलकाता नाइट राइडर्स बा। केकेआर चार में से दुगो मैच जीतले बा आ दुगो में ओकरा हार के सामना करे के पड़ल बा। ओकर अंक चार बा आ नेट रन रेट +0.070 बा। ओहिजा, लखनऊ चार मैचन में दुगो जीत आ दुगो हार के संगे छठा स्थान पs बा ओकरो चार अंक बा आ नेट रन रेट +0.048 बा।

चेन्नई सुपर किंग्स - फोटो : IPL/BCCI

चार पूर्व चैंपियन टीम सबसे नीचे

एकरा बाद नीचे के चार स्थान पs चार गो पूर्व चैंपियन टीम बाड़ी सs। सातवां स्थान पs राजस्थान आ आठवां स्थान पs मुंबई इंडियंस। मुंबई चार में से एक मैच जीतले बिया आ तीन हार आ दु अंक के साथ आठवां स्थान पs बिया। ओकर नेट रन रेट +0.108 बा। ओहिजा, चेन्नई सुपर किंग्स नवां आ सनराइजर्स हैदराबाद 10वां स्थान पs बा। सनराइजर्स अभी ले चार में से एगाे मैच जीतले बिया। ओकरा तीन मुकाबलन में हार मिलल बा। टीम दु अंक आ -1.612 के नेट रन रेट के संगे आखिरी स्थान पs बा।

आईपीएल 2025 के मवजूदा अंक तालिका

टीममैचजीतहारअंकनेट रन रेट
दिल्ली कैपिटल्स33061.257
रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु32141.149
गुजरात टाइटंस32140.807
पंजाब किंग्स32140.074
कोलकाता नाइट राइडर्स42240.070
लखनऊ सुपर जाएंट्स42240.048
राजस्थान रॉयल्स4224-0.185
मुंबई इंडियंस41320.108
चेन्नई सुपर किंग्स4132-0.891
सनराइजर्स हैदराबाद4132-1.612

ऑरेंज कैप के दउड़ में पूरन आगे

आईपीएल 2025 में पांच अप्रिल तक भइल मैचन के बाद लखनऊ सुपर जाएंट्स के बल्लेबाज निकोलस पूरन ऑरेंज कैप के दउड़ में सबसे आगे बाड़ें। पूरन चार मैच में 218.48 के स्ट्राइक रेट से 201 रन बनवले बाड़ें। दूसरका स्थान पs गुजरात टाइटंस के साई सुदर्शन बाड़ें। ऊ तीन पारियन में 62 के औसत आ 157.63 के स्ट्राइक रेट से 186 रन बनवले बाड़ें। तीसरका स्थान पs लखनऊ सुपर जाएंट्स के मिचेल मार्श बा। ऊ चार पारियन में 46 के औसत आ 185.86 के स्ट्राइक रेट से 184 रन बनवले बाड़ें। चउथा स्थान पs मुंबई के सूर्यकुमार यादव बाड़ें। सूर्यकुमार चार पारियन में 57 के औसत आ 161.32 के स्ट्राइक रेट से 171 रन बनवले बाड़ें।

निकोलस पूरन - फोटो : IPL/BCCI

ऑरेंज कैप के रेस

खिलाड़ीमैचरनस्ट्राइक रेट
निकोलस पूरन4201218.48
साई सुदर्शन3186157.63
मिचेल मार्श4184185.86
सूर्यकुमार यादव4171161.32
जोस बटलर3166172.92
नूर अहमद - फोटो : ANI

नूर अहमद के लगे पर्पल कैप

चेन्नई सुपर किंग्स के स्पिनर नूर अहमद पर्पल कैप के दउड़ में फिलहाल सबसे आगे बाड़ें। नूर सानदार गेंदबाजी कs रहल बाड़ें आ अभी तक चार मैचन में 10 विकेट अपना नामे कs चुकल बाड़ें। दूसरका स्थान पs दिल्ली कैपिटल्स के तेज गेंदबाज मिचेल स्टार्क बाड़ें जे तीन मैचन में नव विकेट लेले बाड़ें। एकरा बाद मुंबई के कप्तान हार्दिक पांड्या आ चेन्नई के खलील अहमद के नंबर आवत बा। दुनो आठ-आठ विकेट लेले बा लो। लखनऊ से खेल रहल शार्दुल सात विकेट के संगे पाचवां स्थान पs बाड़ें।

पर्पल कैप की दौड़

खिलाड़ीमैचविकेट
नूर अहमद410
मिचेल स्टार्क39
हार्दिक पांड्या38
खलील अहमद48
शार्दुल ठाकुर47

Read Also: राम नवमी : राम मंदिर के बाहर लागल लमहर कतार, सरयू पs चल रहल बा पवित्र स्नान; 12 बजे होई सूर्य तिलक

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment