[the_ad_group id="30365"]

IPL 2025: महेंद्र सिंह धोनी अपना संन्यास के खबरन पs तुड़लें चुप्पी, ताजा पॉडकास्ट में देलें ई बयान

IPL 2025: महेंद्र सिंह धोनी अपना संन्यास के खबरन पs तुड़लें चुप्पी, ताजा पॉडकास्ट में देलें ई बयान
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

स्पोर्ट्स डेस्क: चेन्नई सुपर किंग्स (सीएसके) के अनुभवी विकेटकीपर बल्लेबाज महेंद्र सिंह धोनी ताजा पॉडकास्ट में आईपीएल से अपना संन्यास के खबरन पs चुप्पी तुड़लें बाड़ें। धोनी के संन्यास के अफवाह ओह घरी जोर पकड़लस जब सीएसके आ दिल्ली कैपिटल्स के बीच चेपॉक में खेलल गइल मुकाबला के देखे खातिर धोनी के माता-पिता स्टेडियम पहुंचलें। हालांकि, धोनी के संन्यास के खबर अफवाह निकललें काहेकि ऊ मैच के बाद अइसन कवनो घोषणा ना कइलें।

धोनी अब एह खबरन के लेके चुप्पी तुड़लें बाड़ें आ राज शमानी के पॉडकास्ट में प्रशंसकन के भरोसा दिलवले बाड़ें कि ऊ एह सीजन के अंत में अपना करिअर के अलविदा नइखन कह रहल। धोनी बतवलें कि ऊ अपना देह के आठ महीना के समय दिहें ई देखे खातिर कि का 44 साल के उमिर में ऊ खेल सकत बाड़ें। उनका लगे अभी समय बा ई जाने खातिर कि का ऊ एह लीग में अलविदा कहिहें।

धोनी बोललें- देह करी फैसला

धोनी पॉडकास्ट में कहलें, ना, अभी ना, हम अभी आईपीएल में खेल रहल बानी। हम चीजन के आसान रखत बानी आ एक साल के समय देत बानी। अभी हम 43 साल बा आ आईपीएल 2025 के खत्म होखे तक 44 साल के हो जाएम। एकरा बाद हमरा लगे 10 महीना के समय होई ई जाने खातिर कि हम आगे खेल सकत बानी की ना। बाकिर एकर फैसला हम ना करेनी, बलुक हमार देह करेला।

कोच फ्लेमिंग कइले रहस खारिज

सीएसके के मैच के बाद कोच स्टीफन फ्लेमिंग से ई सवाल कइल गइल रहे। एकरा पs फ्लेमिंग कहले रहस कि उनकर धोनी से संन्यास के बारे कवनो चरचा ना भइल। फ्लेमिंग धोनी के संन्यास के लेके कहलें, ना, उनका सफर के खत्म कइल हमार काम नइखे। हमरा कुछ पता नइखे। हम बस उनका संगे काम करे के लुत्फ उठा रहल बानी। ऊ अभियो मजबूती से आगे बढ़ रहल बाड़ें। हमनी के एह दिनन पूछतो नइखी सs। रउआ लोग एकरा बारे में पूछत बानी।

Read Also: PM Modi: ‘श्रीराम के जीवन राष्ट्र निर्माण के बड़ आधार’, तमिलनाडु के 8300 करोड़ के सौगात देके बोललें पीएम मोदी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]