लद्दाख के तुर्तक सेक्टर में सेना के गाड़ी श्योक नदी में गिर गइल। हादसा में 7 जवान शहीद हो गइल लो आ कई गो जवान घायल बा लो। इंडियन आर्मी के बेयान के मुताबिक, 26 सैनिकन के टुकड़ी परतापुर से हनीफ सब सेक्टर के फॉरवर्ड पोस्ट पs जात रहे।
भोरे करीब 9 बजे थोइसे से लगभग 25 किलोमीटर दूर वाहन फिसल के श्योक नदी में जा गिरल। घायल 26 सैनिकन के उहां से निकालके आर्मी फील्ड हॉस्पिटल ले जाइल गइल, जहां गंभीर चोट लगला के वजह से 7 सैनिकन के मौत हो गइल। लेह से परतापुर ला सेना के सर्जिकल टीमन के रवाना कs दिहल गइल बा। गंभीर रूप से घायलन के वायु सेना के मदद से वेस्टर्न कमान खातिर अस्पताल भेजल जा रहल बा।
Post Views: 15