विधायक नीरज बसोया आ नसीब सिंह देले पार्टी से इस्तीफा; पत्र भेजके बतवले वजह

Share

Loksabha election: लोकसभा चुनाव खातिर दिल्ली में पहिला वोट पड़े से पहिले कांग्रेस नेता लो के असंतोष खुल के सोझा आ रहल बा। ताजा मामला में कांग्रेस के पूर्व विधायक नीरज बसोया आ नसीब सिंह पार्टी के सदस्यता से इस्तीफा दे देले। उऽ इस्तीफे के वजह लोकसभा चुनाव में आम आदमी पार्टी के साथे गठबंधन के बतवले हऽ। एकरा से पहिले अरविंदर सिंह लवली  दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा देले रहले।

उऽ पत्र लिख के पार्टी आलाकमान के अपना इस्तीफा के वजह बतवले हऽ। एकरा से पहिले शनिचर के देर रात अरविंदर सिंह लवली दिल्ली कांग्रेस अध्यक्ष पद से इस्तीफा देले रहले। उऽ इस्तीफे में आप से गठबंधन आ कन्हैया कुमार आ उदित राज के प्रत्याशी बनइला पs नाराजगी जतवले हऽ।

पत्र में बतवले इस्तीफा के वजह

उऽ इस्तीफा में लिखले, “आम आदमी पार्टी (आप) के साथे कांग्रेस पार्टी के गठबंधन बेहद अपमानजनक बा, क्योंकि आम आदमी पार्टी पिछला 7 बरिसन में कई गो घोटाला से जुड़ल बिया। आप के शीर्ष तीन नेता- अरविंद केजरीवाल, सत्येन्द्र जैन आ मनीष सिसोदिया पहिलही से जेल बा। आम आदमी पार्टी पs दिल्ली शराब घोटाला आ दिल्ली जल बोर्ड घोटाला जइसन गंभीर भ्रष्टाचार के आरोप बा।

दिल्ली में 25 मई के होई मतदान 

बता दी कि दिल्ली में अबकि बेर लोकसभा चुनाव में कांग्रेस आ आम आदमी पार्टी गठबंधन में चुनाव लड़ रहल बिया। एकरा के लेके कांग्रेस नेता आ कार्यकर्ता के असंतोष खुल के सामने आ रहल बा। एह गठबंधन के तहत आप के चार आ कांग्रेस के हिस्सा में तीन गो सीट आई बा। दिल्ली के सब सीटन पs 25 मई के मतदान होई जबकि नतीजा 4 जून के आई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-