[the_ad_group id="30365"]

संदेशखाली से BJP प्रत्याशी रेखा पात्रा के मिलल X कैटगरी के सुरक्षा, गृह मंत्रालय 6 उम्मीदवारन के बढ़वलस सिक्योरिटी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

कोलकता: संदेशखाली पीड़िता के गृह मंत्रालय एक्स कैटेगरी के सुरक्षा दिहल गइल। बीजेपी उम्मीदवारन के सुरक्षा के लेके आईबी एगो रिपोर्ट देले रहे जवना के आधारा पs गृह मंत्रालय संदेशखाली सहित 5 उम्मीदवारन के एक्स कैटगरी के सुरक्षा मुहैया करावल गइल। रेखा पात्र संदेशखाली में तृणमूल के पूर्व नेता शाहजहां शेख पs महिला लो से यौन उत्पीड़न आ जमीन कब्जावे के आरोप लगवले रहे।

कोलकाता। पश्चिम बंगाल के बशीरबाट लोकसभा सीट से भाजपा प्रत्याशी रेखा पात्रा के सुरक्षा बढ़ावल गइल। संदेशखाली पीड़िता के गृह मंत्रालय एक्स कैटेगरी के सुरक्षा देलस।

बीजेपी उम्मीदवारन के सुरक्षा के लेके आईबी एगो रिपोर्ट देले रहे, जवना के आधारा पs गृह मंत्रालय संदेशखाली सहित 5 उम्मीदवारन के एक्स कैटगरी के सुरक्षा मुहैया करावल गइल। एह कुल लोग के सुरक्षा में सीआईएसएफ के जवान तैनात कइल जाई।

एह लोकसभा उम्मीदवारन के मिलल एक्स कैटगरी के सुरक्षा 

बशीरहाट से उम्मीदवार रेखा पात्रा के X कैटेगरी के सुरक्षा।

झारग्राम से उम्मीदवार प्रनत टुडू  के X कैटेगरी के सुरक्षा।

रायगंज से उम्मीदवार कार्तिक पॉल के Y कैटेगरी के सुरक्षा।

बहरामपुर से उम्मीदवार निर्मल साहा के X कैटेगरी के सुरक्षा।

जयनगर से कैंडिडेट अशोक कंडारी के X कैटेगरी के सुरक्षा।

मथुरापुर से प्रत्याशी अशोक पुरकैत के X कैटेगरी के सुरक्षा दिहल गइल बा।

संदेशखाली के मुख्य आरोपी जेल में बंद

रेखा पात्र ने संदेशखाली में तृणमूल के पूर्व नेता शाहजहां शेख पs महिला लो से यौन उत्पीड़न आ जमीन कब्जावे के आरोप लगवले रही। एकरा बाद से जांच शुरू भइल रहे। बता दी कि संदेशखाली केस के मुख्य आरोपी शाहजहां शेख जेल में बंद बा।

उहे, कोलकाता हाईकोर्ट संदेशखाली मामला में सीबीआई जांच के आदेश देलस लोकसभा चुनाव के प्रचार के दौरान भाजपा एह मामला के लेके ममता सरकार के घेर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]