[the_ad_group id="30365"]

ग्रेटर नोएडा में बड़ हादसा, आम्रपाली बिल्डिंग के लिफ्ट गिरले से 4 लोगन के दर्दनाक मउत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

यूपी के ग्रेटर नोएडा में एगो बड़हन हादसा हो गइल बा। इहाँ बिसरख थाना क्षेत्र के एगो निर्माणाधीन भवन के लिफ्ट गिर गईल। एह हादसा में 4 लोग के दुखद मउत हो गईल। घटना स्थल पs अफरातफरी के माहौल बा। दुर्घटना के जानकारी मिलते पुलिस के टीम मउका पs पहुंच गईल। एह हादसा में चार लोग घवाहिल होखे के बात कहल जात बा जवना के इलाज खातिर बगल के अस्पताल ले जाइल गइल बा।

काफी ऊंचाई से नीचे गिरल लिफ्ट

बतावल जाता कि बिसरख थाना क्षेत्र के गौर सिटी के एक मूर्ति के नजदीक आम्रपाली ड्रीम वैली बिल्डर के निर्माण के काम चलता। एही बीच अचानक लिफ्ट बहुत ऊँचाई से नीचे गिर गईल। एह दुर्घटना के बाद मौका पs अफरातफरी मच गईल। एकरा संगे केहु स्थानीय पुलिस के भी ए बारे में जानकारी देले। मउका पs राहत आ बचाव के काम जारी बा।

 4 मजदूर के मउत हो गईल

ए घटना में मरेवाला लोग में उहाँ काम करेवाला मजदूर भी शामिल बाड़े। मरल गइल मजदूरन के लाश के पोस्टमार्टम खातिर भेज दिहल गइल बा।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]