[the_ad_group id="30365"]

तेलंगाना के धर्मपुर से शुरू भइल भारत जोड़ो यात्रा, राहुल के साथ दिखल कार्यकर्ता लोग के हुजूम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस के भारत जोड़ो यात्रा शनिचर के फिर से शुरू हो गइल। सुबह छह बजे ई यात्रा तेलंगाना के धर्मपुर से शुरू भइल। एह दौरान राहुल गांधी के साथ कांग्रेस कार्यकर्ता लोग के हुजूम दिखाई दिहल।

आज के कार्यक्रम के मुताबिक, करीब दस बजे ई यात्रा गोपाल रेड्डी गार्डन में रुकी। एकरे बाद साँझ चार बजे पदयात्रा फिर से शुरू होई, जौन सात बजे के करीब जडचर्ला जंक्शन पहुंची। एकरे बाद इहां के गोलापल्ली स्थित में रात्रि विश्राम होई

 

तेलंगाना में यात्रा के चौथा दिन 

तेलंगाना में भारत जोड़ो यात्रा के आजु चौथा दिन ह। आजु राहुल गांधी समेत अन्य पदयात्री करीब 20 किलोमीटर के दूरी तय करिहें। एह दौरान साँझ के राहुल गांधी एगो बैठक के भी संबोधित कर सकतने। सूत्र के मुताबिक, आज के यात्रा में अभिनेत्री पूनम कौर अउर उस्मानिया विश्वविद्यालय के छात्र भी शामिल भइलें।

बता देईं, सुक्क के राहुल गांधी के नेतृत्व में भारत जोड़ो यात्रा 23.3 किलोमीटर के दूरी तय कइले रहे। कार्यक्रम के मुताबिक, ई यात्रा सात नवंबर के महाराष्ट्र में प्रवेश करे से पहले तेलंगाना में 375 किलोमीटर के दूरी तय करी। एह दौरान ई 19 विधानसभा अउर सात संसदीय क्षेत्र से गुजरी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]