कांग्रेस पार्टी राहुल गांधी के नेतृत्व में ‘भारत जोड़ो यात्रा’ (Bharat Jodo Yatra) अब महाराष्ट्र पहुंच चुकल बा। इहां राहुल के अब कांग्रेस नेता सचिन पायलट के साथ मिले जा रहल बा। पायलट बुध के महाराष्ट्र में यात्रा में शामिल होइहें। एहसे पहिले मंगर के पार्टी के महासचिव जयराम रमेश कहनें कि राहुल गांधी के नेतृत्व वाली भारत जोड़ो यात्रा के असर विधानसभा चुनाव में नाइ बलुक 2024 में होखे वाले अगिले संसदीय चुनावन में महसूस कइल जाई।
मंगर के इहां मीडिया से बात करत जयराम रमेश कहनें कि आप पूछब कि गुजरात चाहे हिमाचल चुनाव पर का असर पड़ी। एकर कौनो असर नाइ होई। ऊ कहनें कि भारत जोड़ो यात्रा के कौनो वोट बैंक से कौनो लेना-देना नइखे। एकर मकसद राजनीति से परे अलग बा। ई राजनीतिक चोरों के खिलाफ राजनीतिक लोग के यात्रा बा।
Post Views: 12