जगदानंद सिंह प एही सप्ताह होई फसीला, सिंगापुर जाये से पहिले लालू यादव निबटइहें सारा पेंडिंग फाइल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2022

राजद के प्रदेश अध्यक्ष प जगदानंद सिंह बनल रहिहें भा केहू आउर के एकर जिम्मेदारी दिहल जाई, एह प अंतिम फसीला एही सप्ताह हो गइला के उम्मीद बा। सिंगापुर जाये से पहिले राजद सुप्रीमो लालू

Share

राजद के प्रदेश अध्यक्ष प जगदानंद सिंह बनल रहिहें भा केहू आउर के एकर जिम्मेदारी दिहल जाई, एह प अंतिम फसीला एही सप्ताह हो गइला के उम्मीद बा। सिंगापुर जाये से पहिले राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद पार्टी से संबंधित सब पेंडिंग फाइल के निबटा लेवे के चाहत बाड़े। एकरा खातिर ऊ पार्टी नेता तेजस्वी यादव आ मुख्यमंत्री नीतीश कुमार से बात कर रहल बाड़ें।

पार्टी हित में निर्णय लेहल जरूरी

राजद के अंदरुनी सूत्रन के मोताबिक एह ममिला में पार्टी के शीर्ष स्तर प विचार मंथन हो रहल बा। असल में राजद में प्रदेश अध्यक्ष के लेके उहापोह के इस्थिति होखला से ना त प्रदेश कार्यकारिणी के गठन हो पा रहल आ ना संगठन के गतिविधि प्रभावी तौर प आगे बढ़ पा रहल बा। अइसन में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद आ तेजस्वी यादव के निर्णय लेहल जरूरी हो गइल बा।

प्रदेश कार्यालय नइखन आवत जगदानंद सिंह

राजद के वर्तमान प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह के अपना प्रदेश कार्यालय अइलें 40 दिन से बेसी समय हो चुकल बा।  हालांकि एह अवधि में ऊ अपना इलाज खातिर दु बेर पटना आ चुकल बाड़ें। ज्यादतर समय ऊ गांवही रहत बाड़ें। सूत्रन के मोताबिक, एह बीच संभवत: एक बेर राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद से जगदानंद सिंह के संवाद हो चुकल बा। ओइसे का बात भइल, ई बात बाहर सामने नइखे आ सकल।

सियासी गतिरोध के पटाक्षेप संभव

राजद सुप्रीमो अपना नजदीकियन से एह बारे में विमर्श कर रहल बाड़े। उम्मीद बा कि अगिला कुछ दिनन में राजद के अंदर चल रहल बड़ सियासी गतिरोध के पटाक्षेप हो जाये। एने राजद के राष्ट्रीय अध्यक्ष लालू प्रसाद के किडनी के इलाज खातिर सिंगापुर जाइल लगभग तय बा। जदि किडनी प्रत्यारोपण के जरूरत पड़ल त इहां से उनका परिवार के अउरियो सदस्य सिंगापुर जाई लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.