कांग्रेस ट्वीट कइलस RSS के ड्रेस में आग लागल तस्वीर, भाजपा नेता कइलें पलटवार

कुमार आशू
भारत जोड़ो यात्रा के बीच कांग्रेस एगो अइसन तस्वीर साझा कइलें बा जेसे बड़ विवाद खड़ा हो सकsता। दरअसल, कांग्रेस अपने आधिकारिक ट्विटर हैंडल से कइल गइल पोस्ट में आरएसएस के ड्रेस में आग लागल तस्वीर साझा कइले बा जेकरे बाद से सियासत गरमा गइल बा। एह तस्वीर के जरिए कांग्रेस आरएसएस- भाजपा पs निशाना सधले बा।
कांग्रेस ट्विटर पर तस्वीर पोस्ट करत लिखलें कि देश के नफरत के माहौल से मुक्त करे अउरी आरएसएस–बीजेपी के ओर से कइल गइल नुकसान के भरपाई पूरा करे के लक्ष्य के दिशा में हम एकहक कदम बढ़ा रहल बानीं। पोस्ट कइल गइल तस्वीर में आरएसएस के ड्रेस में नीचे आग जलत दिखाई दे रहल बा अउरी धुआं भी उठ रहल बा। एकरे संगे तस्वीर पर लिखल बा ‘145 days more to go’

भाजपा नेता तेजस्वी सूर्या बोललें हमला

भाजपा सांसद तेजस्वी सूर्या कहलें कि कांग्रेस के आग 1984 में दिल्ली के जरा दिहलस। ई 2002 में गोधरा में 59 कारसेवकन के जिंदा जला दिहलस। ऊ फिर से अपने पारिस्थितिकी तंत्र के हिंसा के बोलावा देहले बानें। राहुल गांधी के भारतीय राज्य के खिलाफ लड़ले के संगे कांग्रेस संविधान में विश्वास करे वाली पार्टी नाइ रह गइल बा।

का राहुल गांधी एह देश में हिंसा चाहतने?: संबित पात्रा

उहवें भाजपा नेता संबित पात्रा कहलें कि ई ‘भारत जोड़ो यात्रा’ नाइ बलुक ‘भारत तोड़ो’ अउरी ‘आग लगाओ यात्रा’ ह। ई पहिला बेर नाइ ह, जब कांग्रेस पार्टी अइसन कइले बानें। हम राहुल गांधी से पूछल चाहsतानी कि का रउआ एह देश में हिंसा चाहsतनी।? कांग्रेस के तुरंत एह तस्वीर के हटावे के चाहीं।

 

Share This Article