Covid-19: देश के पहिला नेजल वैक्सीन के मिलल DCGI के मंजूरी, स्वास्थ्य मंत्री देले जानकारी
केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया बतवले कि भारत बायोटेक द्वारा कोरोना खातिर बनावल देश के पहिला नेजल वैक्सीन के ड्रग कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया आपातकालीन उपयोग खातिर मंजूरी दे देले बा।
कोरोना महामारी के खिलाफ भारत के एगो आउर सफलता मिलल बा। देश के पहिला नेजल वैक्सीन के आपातकालीन इस्तेमाल खातिर मंजूरी मिलल गइल। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्री मनसुख मंडाविया बतवले कि भारत बायोटेक द्वारा कोरोना खातिर बनावल गइल देश के पहिला नेजल वैक्सीन के ड्रग कंट्रोलर जनरल ऑफ इंडिया आपातकालीन उपयोग खातिर मंजूरी दे देले बा। ई भारत के कोविड-19 वायरस खातिर पहिला नाक से दिहल जाए वाला टीका होई।
Comments are closed.