भाजपा नेता के केजरीवाल पs तंज : कश्मीरी पंडितन के हत्या पs कौनो रक्षसवे हँस सकsला
भाजपा नेता अमित मालवीय के बयान
भाजपा नेता अमित मालवीय दिल्ली के मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के शहरी नक्सल करार देहले बाने। मालवीय ई टिप्पणी गुरुवार के विधानसभा में केजरीवाल के भाषण के लेके कइले बाने। केजरीवाल कहले रहने कि फिल्म के टैक्स-फ्री कइले से निम्मन बा की निर्माता एके YouTube पs अपलोड कs दें, जेसे ई सबके खातिर मुफ्त हो जाई।
एहपर अमित मालवीय ट्वीट कइने कि
Only an inhuman, cruel and depraved mind can laugh at and deny the genocide of Kashmiri Hindus. Kejriwal has ripped open the wounds of the Hindu community, who have been forced to live as refugees in their own country, for 32 long years, by calling #KashmirFiles a झूठी फ़िल्म… pic.twitter.com/63w2x9QKqq
— Amit Malviya (@amitmalviya) March 25, 2022
‘एह फिल्मन के यूट्यूब पs डरले के सलाह काहें नाइ देहने?’
दिल्ली के सीएम केजरीवाल एसे पहिले बॉलीवुड फिल्म ‘निल बटे सन्नाटा’ अउर ‘सांड के आंख’ के टैक्स फ्री क चुकल बाने। एके लेके भी मालवीय उन पर सवाल खड़ा कइने। भाजपा नेता ट्वीट कके कहने, “केजरीवाल ए फिल्म के यूट्यूब पs डरले के सलाह काहें नाइ देहने? दिल्ली में टैक्स फ्री काहें भइल? अउर एमें से कौने-कौने के गोडे में केजरीवाल गिरल होइहें? काहेंकि कश्मीर फाइल्स हिंदुअन के नरसंहार के दास्तान दिखा रहल बिया, एलिए रह अर्बन नक्सल के पेट में दर्द हो रहल बा?”
केजरीवाल ने इन फ़िल्मों को यू ट्यूब पर डालने की सलाह क्यों नहीं दी? दिल्ली में टैक्स फ़्री क्यों किया?
और इनमें से किन किन के चरणों में केजरीवाल गिरा होगा?
क्योंकि कश्मीर फ़ाइल्ज़ हिंदुओं के नरसंहार की दास्तान दिखा रही है, इसलिए इस अर्बन नक्सल के पेट में दर्द हो रहा है? pic.twitter.com/ALOAkiRhWb
— Amit Malviya (@amitmalviya) March 24, 2022
Comments are closed.