पुलिस से ना लिहल गइल रहे इजाजत, बेंगलुरु भगदड़ ममिला में आइल कर्नाटक सरकार के रिपोर्ट; कोहsलियो के बा जिकिर

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। रॉयल चैलेंजर्स बेंगलुरु (RCB) के विक्ट्री परेड के दौरान मचल भगदड़ के लेके जांच रिपोर्ट आ गइल बा। सिद्धरमैया सरकार कर्नाटक हाई कोर्ट में आपन रिपोर्ट सौंप देले बिया। रिपोर्ट में बतावल गइल कि RCB बिना पुलिस इजाजत के लोगन के विक्ट्री परेड में आवे के आमंत्रण देले रहे।

विक्ट्री परेड में 11 लोगन के मौत हो गइल रहे। ओहिजा, 50 से जादे लोग घायल हो गइल रहे। राज्य सरकार अदालत से रिपोर्ट के गोपनीय रखे के आग्रह कइले रहे, बाकिर अदालत कहलस कि गोपनीयता के कवनो कानूनी आधार नइखे।

कानूनी तौर पऽ RCB पुलिस से ना लेले रहे इजाजत

राज्य सरकार अपना रिपोर्ट में कहलस कि आरसीबी मैनेजमेंट आईपीएल फाइनल मुकाबला जीतला के बाद 3 जून के पुलिस से संपर्क कइल रहे। बाकिर, ई बस एगो सूचना मात्र बा।मैनेजमेंट में कानूनी तौर पs इजाजत ना मंगले रहे। कानून मोताबिक, अइसन इजाजत आयोजन से कम से कम सात दिन पहिले लेवे के होला।

रिपोर्ट में आरसीबी के पोस्ट के जिकिर

सरकार द्वारा पेश कइल गइल रिपोर्ट में कहल गइल बा कि आरसीबी पुलिस से परामर्श कइले बिना अगिला दिन सबेरे 7:01 बजे अपना आधिकारिक सोशल मीडिया हैंडल पs एगो फोटो पोस्ट कइलस, जेम लोगन के खातिर निशुल्क प्रवेश के सूचना दिहल गइल आ जनता के विजय परेड में भाग लेवे खातिर आमंत्रित कइल गइल। जवन विधान सौधा से सुरू होके चिन्नास्वामी स्टेडियम में समाप्त होई।”

एकरा बाद सबेरे 8 बजे एगो आउर पोस्ट कइल गइल, जेमे एह जानकारी के दोहरावल गइल। रिपोर्ट में कहल गइल, “कि एकरा बाद, 04.06.2025 के सबेरे 8:55 बजे, RCB अपना आधिकारिक हैंडल @Rcbtweets on X पऽ RCB टीम के एगो प्रमुख खिलाड़ी, विराट कोहली के एगो वीडियो क्लिप शेयर कइल, जेमे उ बतवलें कि टीम एह जीत के जश्न 04.06.2025 के बेंगलुरु में बेंगलुरु शहर के लोगन आ RCB प्रशंसकन के साथे मनावल चाहत बिया।”

एकरा बाद आरसीबी 04.06.2024 के अपराह्न 3:14 बजे एगो आउर पोस्ट कइलस, जेमे सांझ 5:00 बजे से 6:00 बजे तक विधान सौधा से चिन्नास्वामी स्टेडियम तक विजय परेड आयोजित करे के घोषणा कइल गइल।

तीन जून के आरसीबी अहमदाबाद के नरेंद्र मोदी स्टेडियम पंजाब किंग्स के मात देके पहिला बार खिताब जीतले रहे।

एकरा बाद आरसीबी 04.06.2024 के अपराह्न 3:14 बजे एगो आउर पोस्ट कइलस, जेमे सांझ 5:00 बजे से 6:00 बजे तक विधान सौधा से चिन्नास्वामी स्टेडियम तक विजय परेड आयोजित करे के घोषणा कइल गइल।

Read Also: Gorakhpur News : शेरवानी के दुपट्टा से लटकल मिलल जुवक के शव, मुंबई के रहे मूल निवासी- गोरखपुर में करत रहे रोजगार

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-