[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : शेरवानी के दुपट्टा से लटकल मिलल जुवक के शव, मुंबई के रहे मूल निवासी- गोरखपुर में करत रहे रोजगार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। गोरखनाथ थाना क्षेत्र में मंगर के सांझ 5:30 बजे मुंबई के जुवक अमित बिजला (35) के शव घर में शेरवानी के दुपट्टा से पंखा से लटकल मिलल। सूचना पs पहुंचल पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भेजववलस। बुध के पोस्टमॉर्टम के बाद परिजन शव के लेके मुंबई चलल गइल। आशंका जतावल जा रहल बा जुवक पारिवारिक कलह में खुदकुशी कइले बा।

जानकारी के अनुसार, अमित बिजला (35) गोरखनाथ थाना क्षेत्र के ग्रीन वैली में 1008 मकान नंबर में बरिस 2022 से रहत रहस। उ मूलरूप से 12/10 नवजीवन सोसाइटी, मुंबई के रहे वाला रहस। गोरखनाथ क्षेत्र में उ चॉकलेट के फैक्टरी संचालित करत रहस। मकान में भांजा अक्षय आ दोस्त निलेश जायसवाल रहत रहे लो।

दोस्त निलेश पुलिस के तहरीर देके बतवलें कि मंगर के अमित घर पs अकेला रहस। दुपहरिया में उ अक्षय के ऑर्डर देवे खातिर कहले रहे। सांझ के समय उ बाल कटवावे गइल रहे। सांझ के करीब 5:30 बजे वापस आके दरवाजा के बेल बजवलें तs कवनो जवाब ना मिलल। एकरा बाद दरवाजा तुड़के भीतर गइला पs देखलें कि हॉल में अमित के शव शेरवानी के दुपट्टा से पंखा से लटकल बा।

सूचना पs पहुंचल गोरखनाथ थाना के पुलिस शव के पोस्टमॉर्टम खातिर भिजवा देलें। बुध के मुंबई से परिजन आइल लो आ पोस्टमार्टम के बाद शव के लेके चल गइल लो। सीओ गोरखनाथ रवि सिंह बतवलें कि जुवक के शव हॉल में फंदा से लटकल मिलल रहे। ओकरा के पोस्टमॉर्टम खातिर भिजवा दिहल गइल। बुध के पोस्टमॉर्टम के बाद परिजन शव के लेके चल गइल लो। जुवक पिछला कुछ दिनन से डिप्रेशन में रहे।

छव महीना पहिले भइल रहे बियाह

अमित बिजला के बियाह छव महीना पहिले मुंबई के रिया जायसवाल से भइल रहे। उ अमित के माई-बाबूजी के संगे मुंबई में रहत रहली। बतावल जा रहल बा कि दुनो में पिछला कुछ दिनन से रिश्ता ठीक ना रहे। एही बात के लेके अमित तनाव में रहस। कइयन बेर बबहस हो चुकल रहे।

अमित माता-पिता के एकलौता संतान रहस। उ डिप्रेशन में रहस। एही से आशंका जतावल जा रहल बा कि तनाव में आके खुदकुशी कs लेलें। हालांकि, मवका से कवनो सुसाइड नोट नइखे बरामद भइल।

Read Also: मास्टरमाइंड छांगुर के 14 ठिकानऽ पऽ ईडी क छापेमारी, बलरामपुर से ले के मुंबई तक पहुंचल टीम

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]