BCCI: विराट के मांग पs खिलाड़ियन के परिवार के यात्रा से जुड़ल नियम में हो सकत बा बदलाव; रिपोर्ट में खुलासा

Anurag Ranjan

स्पोर्ट्स डेस्क : भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) जल्दिये बिदेस दौरा पs परिवार के संगे खिलाड़ियन के यात्रा करे के नियम में बदलाव कs सकत बा। भारतीय खिलाड़ियन के परिवार के संगे निर्धारित समय से जादे समय गुजरला पs बोर्ड से अनुमति लेवे के होई। बता दीं कि, हाले में पूर्व भारतीय कप्तान विराट कोहली बिदेसी दौरा के दौरान परिवार के मवजूदगी सीमित करे के नियम पs आपन राय रखले रहस। ऊ कहले रहस कि जब खिलाड़ी दौरा के दौरान खराब दौर से गुजर रहल होला तs ओह घरी परिवार के सदस्य के भूमिका अहम हो जाला।

रिपोर्ट में खुलासा

समाचार एजेंसी एएनआई बीसीसीआई के एगो सूत्र के हवाले से बतवलें कि खिलाड़ियन के परिवार के संगे यात्रा करे के अवधि के नियम में बोर्ड बदलाव कs सकत बा। खिलाड़ियन के अपना परिवार के संगे दौरा पs जादे समय बितवला खातिर बोर्ड से अनुमति लेवे के होई।

बीसीसीआई बनवले रहे नीति

ऑस्ट्रेलिया के खिलाफ बॉर्डर-गावस्कर ट्रॉफी के दौरान भारत के मिलल हार के बाद भारतीय क्रिकेट बोर्ड नया नीति बनवले रहे। एकरा तहत 45 दिन के दौरा के दौरान खिलाड़ियन के परिवार के सदस्य जादे से जादे दु हफ्ता तक संगे रह सकत बा लो। एकरा से कम अवधि के दौरा पs खिलाड़ी अधिकतम एक हफ्ता तक आपन परिवार के रख सकत बा।

कोहली कइले रहस एह नियम पs चरचा

बीसीसीआई के एह नियम पs बात करत स्टार बल्लेबाज विराट कोहली आरसीबी के कार्यक्रम के दौरान कहले रहस कि, लोगन के ई समझावल बहुत कठिन बा कि जब बाहर होखी सs आ संगही कुछ अच्छा नइखे हो रहल तs ओह घरी परिवार के संगे रहल केतना जरूरी बा। हमरा नइखे लागत कि लोगन के एह बात के समझ बा कि ई कवना हद तक प्रभाव डालत बा।

ऊ कहलें, हम एह बात से बहुते निराश महसूस करत बानी काहेकि अइसन लागत बा कि अइसन लोगन के जेकरा खिलाड़ियन के संगे का हो रहल बा उनका से कवनो लेना-देना नइखे, ओकरा के बीच में ले आवल जाला आ सबसे आगे रखल जाला। ओह लोगन के एह चीजन से दूर रखल जाये के चाहीं। जदि रउआ कवनो खिलाड़ी से पूछेम कि का हर समय रउआ अपना परिवार के आसपास रखे के चाहत बानी? रउआ जवाब मिली, हs, काहेकि हम नइखी चाहत कि कमरा में अकेले बइठ के उदास रही। हम सामान्य तरीका से रहल चाहत बानी। तब रउआ वास्तव में अपना खेल के एगो जिम्मेदारी के रूप में ले सकत बानी। रउआ ओह जिम्मेदारी के पूरा कs सकेनी।

चैंपियंस ट्रॉफी में परिवार के संगे दिखल रहे लो खिलाड़ी

हाले में समाप्त भइल चैंपियंस ट्रॉफी के दौरान विराट कोहली, रवींद्र जडेजा आ मोहम्मद शमी जइसन खिलाड़ियन के परिवारो दुबई में रहे, बाकिर ऊ टीम होटल में ना ठहरल रहे लो। परिवार के खरचा बीसीसीआई ना बलुक खुद खिलाड़ी उठवले रहस।

Read Also: 19 मार्च 2025 के राशिफल

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।