BCCI: भारतीय महिला क्रिकेटरन के मैच फीस अब पुरुषन के बराबर, बीसीसीआई कइलस बड़ एलान

Share

भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (बीसीसीआई) के सचिव जय शाह बियफे (27 अक्तूबर) के बड़ एलान कइलें। ऊ बतवले कि अब भारतीय महिला खिलाड़ी के मैच फीस पुरुष खिलाड़ियन के बराबर होई। एकरा पहिले न्यूजीलैंड में ई नियम लागू हो चुकल बा। बीसीसीआई के एजीएम में हाले में ई फसीला लिहल गइल रहे कि महिला आईपीएल के पहिला सीजन 2023 में खेलल जाई। एकरा बाद बोर्ड ई बड़ फसीला लेले बा। ओकरा एह डेग से महिला क्रिकेट में बड़ बदलाव आई।

जय शाह अपना ट्वीट में कहलें,

”बीसीसीआई महिला क्रिकेटरन के अब ओह लो के पुरुष समकक्षन के समान मैच फीस के भुगतान कइल जाई। टेस्ट (15 लाख रुपिया), वनडे (6 लाख रुपिया), टी20 (3 लाख रुपिया)। समान वेतन हमार महिला क्रिकेटरन खातिर हमार प्रतिबद्धता रहे आ हम एपेक्स काउंसिल के उनका समर्थन खातिर धन्यवाद देत बानी। – जय शाह

 


2017 से महिला क्रिकेट में आइल बदलाव

2017 में आईसीसी महिला विश्व कप के फाइनल में टीम के पहुंचला के बाद से महिला क्रिकेट में लोगन के रुचि बढ़ल बा। ओकरा बाद टीम 2020 टी20 वर्ल्ड कप के फाइनल में पहुंचल रहे। एह साल अगस्त में टीम राष्ट्रमंडल खेलन में रजत पदक हासिल कइले रहे।

न्यूजीलैंड एही साल ले आइल रहे ई नियम

एह साल के सुरुआत में न्यूजीलैंड क्रिकेट बोर्ड समान वेतन के लेके बड़ फसीला लेले रहे। उ घोषणा कइले रहे कि महिला राष्ट्रीय टीम आ घरेलू महिला खिलाड़ियन के पुरुषन के समान मैच फीस मिली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-