Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

T20 WC: भारत पाकिस्तान के बाद नीदरलैंड के हरवलस, 56 रन से जीतलस मैच, अंक तालिका में शीर्ष प टीम इंडिया

961

भारत सुपर-12 राउंड के अपना दूसरा मुकाबला में नीदरलैंड के 56 रन से हरा देलस। टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत भारत 20 ओवर में दु विकेट गंवाके 179 रन बनवलस। रोहित शर्मा 53 रन के पारी खेलले। ओहिजा, विराट कोहली 44 गेना में 62 रन आ सूर्यकुमार यादव 25 गेना में 51 रन के नाबाद पारी खेलले। जवाब में नीदरलैंड के टीम 20 ओवर में नव विकेट गंवाके 123 रन बना सकल। नीदरलैंड के ओर से टिम प्रिंगल सबसे बेसी 20 रन बनवले। भारत के ओर से भुवनेश्वर कुमार, अर्शदीप सिंह, अक्षर पटेल आ रविचंद्रन अश्विन दु-दु विकेट लिहल लो। ओहिजा, मोहम्मद शमी के एक विकेट मिलल।

ग्रुप-2 में शीर्ष प भारत

एह जीत के संगे टीम इंडिया सुपर-12 राउंड के ग्रुप-2 में पहिला स्थान प पहुंच गइल बिया। भारत के दु मैचन में दु जीत के संगे चार अंक बा। ओहिजा, दक्षिण अफ्रीका के टीम तीन अंक लेके दूसरा स्थान प बा। बांग्लादेश के टीम दु अंक लेके तीसरा स्थान प बा। भारत के अगिला मुकाबला अब 30 अक्तूबर के दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ पर्थ में होई।

टी20 वर्ल्ड कप में लगातार पांचवां जीत

भारतीय टीम के ई टी20 वर्ल्ड कप के एह संस्करण में लगातार दूसरा आ ओवर ऑल टी20 वर्ल्ड कप में लगातार पांचवां जीत ह। भारत एकरा पहिले पाकिस्तान के हरवले रहे। ओहिजा, पिछला साल टी20 वर्ल्ड कप में भारतीय टीम पाकिस्तान आ न्यूजीलैंड के खिलाफ सुपर-12 के लगातार दु गो मुकाबला गंववला के बाद नामीबिया, अफगानिस्तान आ स्कॉटलैंड के खिलाफ लगातार तीन मैच जीतले रहे। अइसन में एह वर्ल्ड कप में लगातार दु जीत आ पिछला वर्ल्ड कप में लगातार तीन जीत के संगे टीम इंडिया एह टूर्नामेंट में लगातार पांच मैच जीतले बिया।

केएल राहुल फेर फ्लॉप रहलें

भारत नीदरलैंड के सामने 180 रन के लक्ष्य रखले रहे। पहिले बल्लेबाजी करत टीम इंडिया के शुरुआत निम्मन ना रहल रहे। केएल राहुल लगातार दूसरा मैच में फेल रहले। ऊ 12 गेंदन में नव रन बना सकले। पाकिस्तान के खिलाफ पिछला मैच में राहुल चार रन बना सकल रहले। राहुल के वान मीकेरन आ रोहित के फ्रेड क्लासेन आउट कइलें। एकरा बाद कोहली आ कप्तान रोहित शर्मा 56 गेना प 73 रन के साझेदारी निभावल लो।

रोहित अर्धशतक जड़लें 

रोहित टी20 अंतरराष्ट्रीय करियर के 29वां अर्धशतक लगवले। रोहित अपना पारी में चार चउका आ तीन छक्का लगवले। उनका के फ्रेड क्लासेन एकरमैन के हाथों कैच करवले। एकरा बाद सिडनी क्रिकेड ग्राउंड में कोहली आ सूर्यकुमार शो देखे के मिलल। दुनो के बीच तीसरा विकेट खातिर 48 गेना में 95 रन के साझेदारी भइल। आखिरी पांच ओवर में भारत बिना कवनो विकेट गंववले 65 रन बनवलस।

कोहली आ सूर्यकुमार यादव के तूफानी पारी

कोहली टी20 अंतरराष्ट्रीय करियर के 35वां आ एह वर्ल्ड कप में लगातार दूसरा अर्धशतक लगवले। एकरा पहिले ऊ पाकिस्तान के खिलाफ 82 रन के नाबाद पारी खेलले रहस। ओहिजा, सूर्यकुमार तूफानी बल्लेबाजी कइलें आ भारत के 179 रन तक पहुंचवले। कोहली आ सूर्यकुमार के बीच टी20 में ई चउथा 50+ रन के साझेदारी रहल। विराट कोहली 44 गेना में 62 रन आ सूर्यकुमार यादव 25 गेना में 51 रन बनाके नाबाद रहल। कोहली अपना पारी में तीन चउका आ दु गो छक्का लगवले। ओहिजा, सूर्यकुमार सात चउका आ एगो छक्का लगवले।

नीदरलैंड नियमित अंतराल प गंववलस विकेट

180 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल नीदरलैंड के टीम के शुरुआत निम्मन ना रहल। भुवनेश्वर कुमार विक्रमजीत सिंह (1) के पवेलियन भेजले। एकरा बाद अक्षर पटेल मैक्स ओडॉड आ बास डीलीड के आउट कइलें। दुनो बल्लेबाज 16-16 रन बनाके आउट भइल लो। एकरा बाद 13वां ओवर में रविचंद्रन अश्विन दु विकेट झटकले। ऊ एह ओवर के पहिला गेना प कॉलिन एकरमैन के अक्षर के हाथों कैच करवले। फेर ओवर के चउथा गेना प टॉम कूपर के सब्सटिट्यूट फील्डर दीपक हुड्डा के हाथों कैच करवले। एकरमैन 21 गेना में 17 रन आ कूपर नव रन बना सकले।

भारतीय गेंदबाजन के शानदार प्रदर्शन

टिम प्रिंगल पारी जरूर संभारे के चह लें, बाकिर 16वां ओवर में मोहम्मद शमी उनका कोहली के हाथन कैच करवले। एकरा बाद भुवनेश्वर कुमार नीदरलैंड के कप्तान स्कॉट एडवर्ड्स के सब्सटिट्यूट फील्डर दीपक हुड्डा के हाथों कैच करवले। स्कॉट पांच रन बना सकलें। अर्शदीप सिंह 18वां ओवर में लगातार दु गेना प लोगन वान बीक (3) आ फ्रेड क्लासेन (0) के पवेलियन भेजले। शारीज अहमद 11 गेना प 16 रन आ पॉल वान मीकेरन छव गेना में 14 रन बनाके नाबाद रहलें।

363000cookie-checkT20 WC: भारत पाकिस्तान के बाद नीदरलैंड के हरवलस, 56 रन से जीतलस मैच, अंक तालिका में शीर्ष प टीम इंडिया

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.