क्रिकेट के मैदान पर फैन लोग अइसन कई वाकया देखले होइहें, जहां कौनो बल्लेबाज बैटिंग के दौरान अपने ड्रेसिंग रूम से कुछ चीज मंगावेनें, कई बेर बल्लेबाज ग्लव्स मंगावेने, त कब्बो ऊ बैट बदले के इशारा करेने लोग। एकरे अलावा भी बल्लेबाज हेलमेट चाहे कुछ अउर ड्रिंक मंगावे खातिर इशारा देनें लेकिन एह बेर एक अलगही तरह के वाकया देखे के मिलल बा।
ऑस्ट्रेलियाई टीम के स्टार प्लेयर मार्नस लाबुशेन के संगे ई वाकया भइल साउथ अफ्रीका के खिलाफ खेलल जा रहल सिडनी टेस्ट के दौरान बल्लेबाजी करत ऑस्ट्रेलियाई प्लेयर लाबुशेन मैदान से ही सिगरेट पीए अउर लाइटर जरावे जइसन इशारा कइलें। एकर वीडियो भी सोशल मीडिया पर काफी वायरल हो रहल बा।
पिच के लग्गे लाइटर जरा के हेलमेट रिपेयर कइलें
मैच के दौरान ई वाकया देख फैन लोग नगदे हैरान भइलें कि आखिर ई का हो रहल बा। मगर थोड़ी देर में ही जब साथी प्लेयर लाइटर ले के मैदान पर अइलें, त सारा कन्फ्यूजन दूर हो गइल। दरअसल, लाबुशेन ई लाइटर आपन हेलमेट रिपेयर करे खातिर मंगवले रहनें। शायद हेलमेट में मूड़ी के आगे वाले हिस्सा पर कुछ चुभत रहल होई। चाहे कुछ चीज मार्नस लाबुशेन के परेशान करत होई।
इहे कारण रहल कि लाबुशेन मैदान से ही सिगरेट पिए अउर ओके जरावे जइसन कुछ इशारा कsके साथी खिलाड़ियन से लाइटर मैदान पर मंगवलें। एकरे बाद पिच के लगही लाइटर जरा के हेलमेट के रिपेयर कइलस। ई सगरी माजरा वायरल वीडियो में देखल जा सकsता।
Running repairs for Marnus Labuschagne! 🚬#AUSvSA pic.twitter.com/IdSl0PqicV
— cricket.com.au (@cricketcomau) January 4, 2023
सीरीज में ऑस्ट्रेलिया के 2-0 से अजेय बढ़त
बता देईं कि ऑस्ट्रेलियाई टीम आजु काल्ह अपनही घर में साउथ अफ्रीका के खिलाफ तीन मैच के टेस्ट सीरीज खेल रहल बा। एह सीरीज में कंगारू टीम 2-0 से अजेय बढ़त बना लिहले बानें। अब सीरीज के तीसरा अउर आखिरी मैच सिडनी में 4 जनवरी से खेलल जा रहल बा। पहिले दिन ऑस्ट्रेलिया 147/2 रन बनवलस। लाबुशेन 79 रन बना के लौटनें। सीरीज के पहिला टेस्ट ऑस्ट्रेलिया 6 विकेट से जीतल। जबकि दूसरे टेस्ट में साउथ अफ्रीका के पारी अउर 182 रन से हरवलस।