इलाज खातिर मुंबई शिफ्ट होइहें ऋषभ पंत, डीडीसीए चीफ के एलान

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 4, 2023

भारत के स्टार क्रिकेटर ऋषभ पंत सड़क हादसा शिकार भइल रहनें। रुड़की के पास कार एक्सीडेंट में उनके गंभीर चोट आइल रहे। फिलहाल उनकर इलाज देहरादून के एगो निजी अस्पताल में चल रहल बा, लेकिन

Share

भारत के स्टार क्रिकेटर ऋषभ पंत सड़क हादसा शिकार भइल रहनें। रुड़की के पास कार एक्सीडेंट में उनके गंभीर चोट आइल रहे। फिलहाल उनकर इलाज देहरादून के एगो निजी अस्पताल में चल रहल बा, लेकिन अब दिल्ली एंड डिस्ट्रिक्ट क्रिकेट एसोसिएशन (DDCA) बड़ फैसला लिहले बानें। डीडीसीए पंत के इलाज खातिर मुंबई ले जाइल जाई। उहवें, उनके लिगामेंट इंजरी के इलाज करावल जाई।

डीडीसीए के डायरेक्टर का कहनें?

डीडीसीए के डायरेक्टर श्याम शर्मा कहनें- क्रिकेटर ऋषभ पंत के आगे के इलाज खातिर आजु मुंबई भेजल जाई। पंत के 30 दिसंबर के एगो कार दुर्घटना के बाद देहरादून के एगो निजी अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

बीसीसीआई चोट के लेके का अपडेट दिहले रहे

बीसीसीआई बतवलें कि पंत के सिर पर दू कट लागल बा। उनके दाहिना घुटना में लिगामेंट फट गइल बा अउर उनके दाहिनी कलाई, टखने, पैर के अंगूठा में भी चोट लागल बा। साथही उनके पीठ पs घिसिरइले के घाव बा। पंत के हालत फिलहाल खतरा से बाहर बानें, लेकिन अब बीसीसीआई अउर डीडीसीए उनके अउर बेहतर इलाज करावे के फैसला लिहल गइल। अइसे में कयास लगावल जा रहल बा कि आगामी वनडे विश्व कप के देखत बीसीसीआई जल्दी से जल्दी पंत के फिट देखल चाहsता।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.