Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

ऋषभ पंत के घुटना के ऑपरेशन होई: इंडियन विकेटकीपर के एयरलिफ्ट कs के मुंबई ले जाइल गइल, कोकिलाबेन अस्पताल में होई इलाज

1,686

सड़क हादसा में घायल क्रिकेटर ऋषभ पंत के आज देहरादून से मुंबई एयरलिफ्ट कs के मुंबई ले जाइल गइल। इहां कोकिलाबेन अस्पताल में उनकर आगे के इलाज होई। भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड (BCCI) बयान जारी कs कहलस कि अस्पताल के स्पोर्ट्स मेडिसिन एंड ऑर्थोस्कोपी हेड डॉक्टर दिनशॉ पारदीवाला के देखरेख में पंत के ट्रीटमेंट होई। BCCI इहो बतवलस कि पंत के घुटना के लिगामेंट के सर्जरी कइल जाई। पंत  के रिकवरी आ एकरा बाद रिहैबिलिटेशन प्रक्रिया पs बोर्ड के टीम नजर रखी।

30 दिसंबर के कार एक्सीडेंट में घायल होखला के बाद से पंत के पहिले रुड़की के सक्षम हॉस्पिटल में इमरजेंसी ट्रीटमेंट दिहल गइल। एकरा बाद से उनकर इलाज देहरादून के मैक्स हॉस्पिटल में चल रहल बा।

एक्सीडेंट में पंत के माथा, घुटना आ टखना में चोट आइल रहे। उनका घुटना के चार में से तीन लिगामेंट टूटला के बात सामने आइल रहे। आ अइसन में BCCI के मेडिकल टीम बेहतर इलाज खातिर उनका के देहरादून से मुंबई शिफ्ट करे के फैसला कइलस।

दिल्ली से घर जात घरी 30 दिसंबर के भइल रहे एक्सीडेंट

भारतीय क्रिकेट टीम के विकेटकीपर-बल्लेबाज ऋषभ पंत सुक के सबेरे भइल सड़क हादसा में बाल-बाल बचल रहलें। पुलिस के मोताबिक, झपकी लगला से ई हादसा भइल बा। उनकर मर्सिडीज अनियंत्रित होके डिवाइडर से जा टकराइल, जवना के बाद ओमे आग लाग गइल बा आ पलट गइल।  एक्सीडेंट के बाद पंत जरत कार के खिड़की तुड़के खुद बाहर निकललें। लोग बचावे पहुंचल तs बोललें- हम ऋषभ पंत हई। उनका माथा, पीठ आ गोड़ में गंभीर चोट आइल रहे।

चश्मदीद बोले- हाईवे के गड़हा से 5 फीट उछलल रहे मर्सिडीज

एह हादसा के चश्मदीद कहलें कि ऋषभ पंत के मर्सिडीज करीब 150 किमी प्रति घंटा के स्पीड से चलत रहे। ऊ एगो गाड़ी के ओवरटेक कइलें। फेर सामने एगो गड़हा आ गइल। एहसे उनकर कार 5 फीट तक उछलके पहिले बस से टकराइल… फेर डिवाइडर से घिसटत ओमे आग लाग गइल। कार से निकलला के बाद पंत रोड के डिवाइडर पs बइठल रहलें। ​​​

431520cookie-checkऋषभ पंत के घुटना के ऑपरेशन होई: इंडियन विकेटकीपर के एयरलिफ्ट कs के मुंबई ले जाइल गइल, कोकिलाबेन अस्पताल में होई इलाज

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.