UP News: बस्ती के योग शिक्षिका के मिलल गणतंत्र दिवस समारोह के आमंत्रण, क्षेत्रवासियन में खुशी के लहर

Share

बस्ती जिला के योग शिक्षिका सन्नो दुबे के गणतंत्र दिवस पs दिल्ली से आमंत्रण आइल बा। सन्नो दुबे जिला में योगा अभ्यास कराके रोग मुक्त कर‌वले के काम करेली। बात अगर मंडल के करीं तs सन्नो दुबे एगो अ‌इसन महिला हई। जिनकर दिल्ली से योग्यभ्यास के खातिर निमंत्रण आ‌इल ह। गणतंत्र दिवस के निमंत्रण से सन्नो दुबे परिवार समेत क्षेत्रवासियन में खुशी के लहर बा।

भारत गणराज्य में 26 जनवरी के गणतंत्र दिवस के राष्ट्रीय पर्व पs राजपथ, नई दिल्ली में विशेष परेड के आयोजन क‌इल जाला । जवन कि राष्ट्रपतिभवन से राजपथ होत इंडिया गेट जाला । देश के राष्ट्रपति द्वारा राष्ट्रीय ध्वज तिरंगा फहराइल जाला । राष्ट्रीय गान के बादे 21 तोपन के सलामी दीहल जाला , एs अवसर पs भारतीय सेवा के तीनों अंग अलगे-अलगे तरह से झांकि निकाले ना आ करतब दिखावे ले।ओहीं देश के सजो राज्य से अलगे-अलगे झांकि निकालल जाला , एs तरही के मंजर देखल बहुते ही मनमोहक लगेला।

ईs गौरव बस्ती जिला के स्टेशन रोड निवासी योगोचार्य सन्नो दुबे के प्राप्त भ‌इल हs। राज्य के आयुष विभाग द्वारा अतिथि के रूप में गणतंत्र दिवस पs आमंत्रण भेजल ग‌इल ह। आयुष विभाग द्वारा सन्नो दूबे के पति धर्मेंद्र कुमार पांडेय के साथे समारोह में हिस्सा लेवे के नई दिल्ली भेजल जात बा। राजधानी में आयोजित गणतंत्र दिवस समारोह में बस्ती के युवा योग शिक्षिका के अतिथि के रूप में आमंत्रण मिलले के बाद क्षेत्र में हर्षोल्लास के माहौल बा। गणतंत्र दिवस समारोह में एs वर्ष उत्तर प्रदेश चुनिंदा योग शिक्षक शामिल होंइयें। भारत सरकार के ओर से अतिथि के रूपे में योग शिक्षकन के आमंत्रित क‌इल ग‌इल हs। नई दिल्ली में एs सजो योग शिक्षकन के सम्मानित क‌इल जाई, सन्नो दुबे के एs उपलब्धि पs उनके बधाई देवे वालन के तांता लगल बा।

ओहीं ए आमंत्रण के लेकर योग शिक्षिका सन्नो दुबे कहली के गणतंत्र दिवस समारोह में अतिथि के रूपे में शामिल भ‌इल गौरव कs बात बा उs कहली के योग के माध्यम से उनकरा के इह सम्मान मिलल। योग भारत के पुरातन विद्या हs आ स्वस्थ रहले के कुंजी हs, योग मानसिक-शारीरिक संतुलन के साथे दक्षता के बढ़ावे के कार्य करेला ।

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-