Powerfood: विटामिन के खान हs पनीर, रोज खइले से दूर रहेला सैकड़न गो बीमारी

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 23, 2024

दूध से बनल पनीर स्वाद आ स्वास्थ्य के खजाना हs। पनीर में खाली 1-2 विटामिन ना होखेला बालुक पोषक तत्व के खदान होखेला। पनीर स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद मानल जाला। पनीर शाकाहारी लोग खातिर सबसे

Share

दूध से बनल पनीर स्वाद आ स्वास्थ्य के खजाना हs। पनीर में खाली 1-2 विटामिन ना होखेला बालुक पोषक तत्व के खदान होखेला। पनीर स्वास्थ्य खातिर बहुत फायदेमंद मानल जाला। पनीर शाकाहारी लोग खातिर सबसे खास बा। घर में मेहमान आवे पs पनीर तइयार हो जाला। होटल में खाए जाइब तs पनीर मंगावेनी। अगर रउवा हेल्दी खाना खाए के बा त पनीर सबसे बढ़िया विकल्प बा। अगर रउरा डाइट पs बानी तs पनीर खाए के चाहीं। पनीर से भी कई गो मिठाई बनावल जाला। सभसे जादा पोषक तत्व दूध से बनल पनीर में पावल जाला। विटामिन बी कॉम्प्लेक्स, हेल्दी फैट्स, प्रोटीन, कैल्शियम, पोटेशियम, फॉस्फोरस, जिंक, मैग्नीशियम, सेलेनियम जईसन पोषक तत्व पनीर में पावल जाला।

रोज पनीर खइला के फायदा

हड्डी के मजबूत बनावेला – पनीर में कैल्शियम भरपूर मात्रा में होखेला। पनीर खइला से हड्डी मजबूत हो जाला। लइकन के खानपान में पनीर के शामिल करे के पड़ी। पनीर के सेवन से भी जोड़ के दर्द से बचावल जा सकता।

इम्यूनिटी बढ़ेला- पनीर खइला से शरीर के पोषण आ एंटीऑक्सीडेंट मिलेला। जवना के चलते प्रतिरक्षा मजबूत हो जाला। पनीर खईला से शरीर संक्रमण से बचावेला अवुरी जदी कवनो प्रकार के बेमारी होखे तs जल्दी ठीक हो जाला।

ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करीं – पनीर में पोटेशियम, कैल्शियम अवुरी मैग्नीशियम के बढ़िया मात्रा होखेला जवन कि ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे में मदद करेला। बीपी के मरीज के रोज अपना आहार में पनीर के शामिल करे के चाही।

वजन घटावे में मददगार- पनीर खइला से मोटापा तेजी से कम हो जाला। हालांकि कुछ लोग वजन बढ़ावे खातिर पनीर भी खाला। बस रउरा दुनु में खाना के तरीका आ मात्रा तय करे के पड़ी। कच्चा पनीर कम मात्रा में खईला से वजन कम हो जाला।

त्वचा अवुरी बाल खातीर– पनीर में उच्च गुणवत्ता वाला प्रोटीन होखेला जवन कि बाल अवुरी त्वचा के मजबूत बनावेला। पनीर शरीर के फिट राखे अवुरी सभ काम के सही तरीका से करे में मदद करेला। एकरा से शरीर में प्रोटीन के कमी पूरा हो सकता।

मांसपेशियन के मजबूत बनावेला– अगर रउआ जिम भा कवनो दोसरा तरह के भारी कसरत करेनी तs पनीर के सेवन जरूर करीं। पनीर खईला से मांसपेशी के निर्माण में मदद मिलेला। प्रोटीन मांसपेशियन के मरम्मत करेला।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.