[the_ad_group id="30365"]

Basti News: प्रदेश के रैंकिंग में बस्ती के चार थाना अव्वल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईजीआरएस से जुड़ल शिकायत के निवारण खातिर मई महीना में घोषित राज्य स्तर के रैंकिंग सूची में जिला के चार थाना के पहिला स्थान मिलल बा। एहमें थाना नगर, पुरानी बस्ती, वाल्टरगंज आ महिला थाना शामिल बा। एह उपलब्धि पs खुशी जतावत एसपी गोपाल कृष्ण चौधरी, एएसपी दीपेन्द्र नाथ चौधरी चारो थाना के पूरा टीम के बधाई दिहले बाड़न। एसपी कहले कि राज्य स्तर से जारी सूची में श्रावस्ती महिला थाना आईजीआरएस के आवेदन के निस्तारण में शत-प्रतिशत 100 अंक पा के राज्य में पहिला स्थान पs बा।

एसओ नगर जनार्दन प्रसाद कहले कि मई महीना में आईल आवेदन के समय सीमा में पूरा क्वालिटी के संगे निस्तारित कईल गईल। एह में से कवनो संदर्भ डिफॉल्ट ना भइल भा सी श्रेणी में ना गइल। सभे केस अवुरी रेफरेंस के निगरानी अवुरी निपटारा के सराहनीय प्रयास कईल गईल।अन्य थाना के रैंकिंग में पैकोलिया 655, कोतवाली व रुधौली को 919, सोनहा को 1066, कप्तानगंज को 1205, लालगंज को 1281, दुबौलिया अवुरी छावनी थाना के 1341वां स्थान मिलल। एही क्रम में परशुरामपुर आ हर्रैया थाना के 1401, कलवारी आ मुंडेरवा थाना में 1451 आ गौर थाना के 1482 मिलल।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]